[the_ad_group id="30365"]

खाली पेट एs पियर बीज के सेवन क‌इले से शुगर होई कंट्रोल, डायबिटीज मरीजन खातिर बा अमृत समान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

खराब लाइफस्टाइल, अनियमित खानपान आ तनाव के कारन हर पांचवा व्यक्ति डायबिटीज के समस्या से परेशान बा। डायबिटीज के मरीजन के अपने खानपान के विशेष ध्यान रखे के पड़ेला। राउर तनी सा लापरवाही आपके ब्लड शुगर बढ़ा सकेला । जेसे आप कई गो अन्य खतरनाक बीमारी के शिकार हो सकेनी । डायबिटीज के समस्या काफी खतरनाक हो सकेला अगर समय रहते कंट्रोल नाहीं क‌इल ग‌इल तs एकरे कारन शरीर के क‌इगो ऑर्गन फेल हो सकेला। ब्लड शुगर के कंट्रोल करे खातिर आप कई तरह के उपाय अपनावेनी। आप चाहे तs khalir मेथी के सेवन क‌s के डायबिटीज के नैचुरल तरीका से कंट्रोल क‌s सकेनी ।

ब्लड शुगर के क‌इसे कंट्रोल करीं मेथी के दाना

औषधी गुण से भरपूर मेथी के आयुर्वेद में काफी महत्व हs। एमें सोडियम, जिंक, फॉस्फोरस, फॉलिक एसिड, आयरन, कैल्शियम, मैग्नीशियम, पोटैशियम के साथे विटामिन ए, विटामिन बी आ विटामिन सी के अलावा फाइबर, प्रोटीन, स्टार्च, शुगर, फॉस्फोरिक एसिड ज‌इसे न्यूट्रिएंट्स पावल जाला। जवन ब्लड शुगर के कंट्रोल क‌इले में मदद करेला ।एकरे साथे हाई ब्लड प्रेशर, बढ़ल वजन कम क‌इले में मदद करेला ।

डायबिटीज के मरीज अइसे करीं मेथी के सेवन

मेथी के सेवन विभिन्न तरीका से क‌इल जा सकेला । एके आप खाना में अधिक से अधिक इस्तेमाल करीं। कवनो तरह के रेसिपी बनावत समय थोड़ा मात्रा में एकर इस्तेमाल जरूर करीं।

मेथी दाना के पानी: मेथी दाना के पानी आसानी से ब्लड शुगर के कंट्रोल क‌s सकेला । एकरे खातिर राती के एक गिलास पानी में एगो चम्मच मेथी डाल के भिगो देंईं। दूसरका दिन एके छान के खाली पेट पी लेंईं। आप चाहीं तs एकरे दाना के अइसे खा सकेनी आ फेर अंकुरित क‌s सकेनी।

अंकुरित मेथी: आमतौर पs मेथी काफी कड़वा होला बाकीर अगर अंकुरित क‌s के खाइल जाई तs एकर कड़वाहट गायब हो जाई। एकरे खातिर राती के पानी में मेथी डाल के भिगो देंईं। दूसरा दिन एके निकाल के कवनो कॉटन के कपड़ा में बांध देंईं। 1-2 दिन में मेथी अंकुरित हो जाई । रोज सुबेरे थोड़ मात्रा में एकर सेवन करीं।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]