[the_ad_group id="30365"]

यूपी में कांग्रेसी लोग अध्यक्ष पद खातिर कइल मतदान, मुख्यालय पहुंचलें नेता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष पद खातिर मतदान के प्रक्रिया शुरू हो चुकल बा। पूरे देश में कांग्रेस सदस्य नया अध्यक्ष के चुनाव खातिर मतदान कर रहल बानें।
लखनऊ में कांग्रेस मुख्यालय में प्रदेश के नेता लोग मतदान कइल। एह दौरान सभे खुश नजर आइल अउर कांग्रेस मुख्यालय में भी गहमागहमी मचल रहल। कांग्रेस अध्यक्ष पद खातिर वरिष्ठ नेता मल्लिकार्जुन खरगे अउर शशि थरूर मैदान में बानें।
22 साल बाद कांग्रेस में अध्यक्ष पद के चुनाव खातिर चुनाव हो रहल बा। कांग्रेस के वर्तमान अध्यक्ष सोनिया गांधी अउर पार्टी महासचिव प्रियंका गांधी वाड्रा दिल्ली में मतदान कइली जबकि राहुल गांधी कर्नाटक में मतदान कइलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]