Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हिमाचल विधानसभा चुनाव: BJP जारी कइलस 62 उम्मीदवारन के सूची, सिराज से लड़िहें CM ठाकुर, देखीं पूरा लिस्ट

Himachal Pradesh Assembly Elections: नई दिल्ली में राष्ट्रीय अध्यक्ष जगत प्रकाश नड्डा के अध्यक्षता में भाजपा संसदीय बोर्ड के मैराथन बैठक के बाद भाजपा 62 उम्मीदवारन के लिस्ट जारी क देले बिया। 

564

एंटी इनकमबेंसी के वजह से तीन मंत्रियन आ एक दर्जन विधायकन के टिकट प तलवार लटक गइल बा, जबकि दु मंत्रियन के विधानसभा सीट बदले प चरचा भइल बा। केंद्रीय चुनाव समिति देर रात तक सब टिकटन प फसीला ले लेले रहे। भाजपा बुध के सबेरे 62 सीट के प्रत्याशियन के सूची जारी क देले बिया।

एह बैठक में रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, केंद्रीय मंत्री भूपेंद्र यादव, सर्वानंद सोनोवाल, भाजपा प्रदेशाध्यक्ष सुरेश कश्यप, मुख्यमंत्री जयराम ठाकुर, भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष सौदान सिंह, भाजपा प्रभारी अविनाश राय खन्ना, सह प्रभारी संजय टंडन, केंद्रीय सूचना आ प्रसारण मंत्री अनुराग ठाकुर सहित कइयन गो प्रादेशिक नेता मवजूद रहे लो। एह बैठक में प्रदेश चुनाव समिति के दु चरणन में भइल बैठकन प मंथन कइल गइल।

357610cookie-checkहिमाचल विधानसभा चुनाव: BJP जारी कइलस 62 उम्मीदवारन के सूची, सिराज से लड़िहें CM ठाकुर, देखीं पूरा लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.