[the_ad_group id="30365"]

हिमाचल विधानसभा चुनाव: BJP जारी कइलस 62 उम्मीदवारन के सूची, सिराज से लड़िहें CM ठाकुर, देखीं पूरा लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एंटी इनकमबेंसी के वजह से तीन मंत्रियन आ एक दर्जन विधायकन के टिकट प तलवार लटक गइल बा, जबकि दु मंत्रियन के विधानसभा सीट बदले प चरचा भइल बा। केंद्रीय चुनाव समिति देर रात तक सब टिकटन प फसीला ले लेले रहे। भाजपा बुध के सबेरे 62 सीट के प्रत्याशियन के सूची जारी क देले बिया।

एह बैठक में रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, केंद्रीय मंत्री भूपेंद्र यादव, सर्वानंद सोनोवाल, भाजपा प्रदेशाध्यक्ष सुरेश कश्यप, मुख्यमंत्री जयराम ठाकुर, भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष सौदान सिंह, भाजपा प्रभारी अविनाश राय खन्ना, सह प्रभारी संजय टंडन, केंद्रीय सूचना आ प्रसारण मंत्री अनुराग ठाकुर सहित कइयन गो प्रादेशिक नेता मवजूद रहे लो। एह बैठक में प्रदेश चुनाव समिति के दु चरणन में भइल बैठकन प मंथन कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]