[the_ad_group id="30365"]

4G के नाम पs मोबाइल डेटा प्रदान करे वाली कंपनियन के ग्राहकन से लूट: 4G के पईसा आ सेवा 3G के बराबरो ना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुरवलिया बाजार (कुशीनगर)/ प्रदीप कुमार यादव: क्षेत्र के गुरवलिया, ब्रह्मपुर, विजयपुर दक्षिण पट्टी, तार विशनपुर, सेमरा हर्दो पट्टी, मठिया सहित लगभग दर्जनन गांवन में मोबाइल फोन में नेट के स्पीड ठीक से ना चलला के कारण आम लोगन के खासा परेसानियन के सामना करे के पड़ रहल बा।

बता दीं कि कइयन मोबाइल फोन ग्राहकन के कहनाम बा कि जब मोबाइल डेटा प्रदान करे वाली कंपनी पईसा 4G के ले रहल बाड़ी सs तs सेवो 4G जइसन देवे के चाहीं। खास कs के वीआई के नेट के स्पीड सही से ना चलला के चलते मोबाइल से डेटा चलावे वाला ग्राहकन के बहुत जादे परेसानियन के सामना करे के पड़ रहल बा।

पईसा 4G के, सेवा 3G तक के ना

क्षेत्र के विजयपुर दक्षिण पट्टी निवासी उमेश गुप्ता कहलें कि मोबाइल डेटा प्रदान करे वाली कंपनी जब पईसा 4G के ले रहल बाड़ी सs तs सेवा 4G लेखा जरुर देवे के चाहीं। ओहिजा ब्रह्मपुर गांव निवासी आनंद यादव कहलें कि मोबाइल डेटा कंपनी 4G के नाम पs क्षेत्र के लोगन के खुलेआम लूट रहल बाड़ी सs। सच्चिदानंद यादव एडवोकेट  कहलें कि नेट के स्पीड सही ना होखला के चलते कइयन तरे के परेसानियन के सामना करे के पड़ रहल बा। मोबाइल डेटा प्रदान करे वाली कंपनियन के चाहीं कि जल्दी से जल्दी आपन सेवा के ठीक करे। ब्रह्मपुर के रहे वाला छोटेलाल प्रसाद कहलें कि कंपनी पईसा तs 4G डेटा के ले रहल बाड़ी सs, बाकिर नेट के स्पीड 4G के जइसन एकदम नइखी दे रहल सs। अ इसने शिकायत अउरियो लोगन के बा।

कम चाहे बेसी इहे इस्थिति एयरटेल आ जियो के बा। हालांकि वीआई के तुलना में एह दुनो कंपनियन के नेट के स्पीड कुछ ठीक बा। गौर करे वाला बात बा कि देस के कइयन शहरन में 5G सेवा के सुरुआत हो चुकल बा, बाकिर ग्रामीण क्षेत्रन में 4G सेवा तक ठीक से नइखे मिल पावत। क्षेत्र के लोग एह डेटा प्रदान करे वाली कंपनियन से तत्काल प्रभाव से नेट स्पीड सही करे के मांग कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]