[the_ad_group id="30365"]

देखे से पहिलही झट से गायब हो जाला WhatsApp स्टेटस, एह ट्रिक के करीं इस्तेमाल, देर तक रुकल रही स्क्रीन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेटा के पॉपुलर चैटिंग प्लेटफार्म वॉट्सऐप के इस्तेमाल 180 से जादे देसन में कइल जालाह। एगो टैप में मैसेज के रिप्लाई करे के ई तरीका हर केहू के भा जाला। जदि रउओ वॉट्सऐप के इस्तेमाल करत बा तs ई ट्रिक रउओ आ सकत बा।

का रउओ संगे कबो अइसने भइल बा जब रउआ केहू के वॉट्सऐप स्टेट्स देखत होखीं आ अचानक से स्क्रीन से फोटो आ वीडियो हट गइल होखे। जदि हs तs ई जानकारी रउआ काम के बा।

वॉट्सऐप पs झट से गायब हो जाला स्टेटस

असल में, वॉट्सऐप पs स्टेट्स के देखे के एगो फिक्स्ड टाइम होला, ई एगो रनिंग प्रॉसेस होलाह, अइसन में परेसानी तब आवेला जब वॉट्सऐप स्टेट्स ठीक से देखियो ना सकल जाला आ ई स्क्रीन से हटियो जाला।

बहुत यूजर्स अइसन इस्थिति खातिर या तs स्टेट्स दोबारा देखेला लो भा स्टेट्स के होल्ड कs के रखेला लो। कइयन मवकन पs दुनुये काम झंझट भरल लागल बा। एकरा खातिर एगो छोट ट्रिक के इस्तेमाल कइल जा सकत बा।

जदि रउआ चाहत बानी कि वॉट्सऐप में दूसरका यूजर्स के स्टेटस देखत स्क्रीन देर तक रुकल रहे तs एकरा खातिर आपन अंगूरियन के इस्तेमाल एगो खास तरीका से करे के होई।

वॉट्सऐप पs स्टेटस स्क्रीन के कइसे करीं पॉज

वॉट्सऐप पs कवनो कॉन्टैक्ट के स्टेटस के बढ़िया से देखे खातिर रउआ आपन तीन अंगूरियन के स्क्रीन पs एक संगे रखे के होई। जइसही रउआ तीन अंगूरियन के एक संगे रखेनी स्क्रीन रुक जाई। एह ट्रिक के इस्तेमाल वॉट्सऐप स्टेटस पs लागल पिक्चर्से ना, वीडियो के संगे कइल जा सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]