प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के दौरा से पहिले गुजरात के कच्छ जिला के भुज में सांप्रदायिक तनाव के घटना सामने आइल बा। शुक्रवार साँझ भुज के माधापुर गांव में दू समुदायन के लोग के बीच बवाल हो गइल। एह दौरान एक संप्रदाय के लोग दूसरे संप्रदाय के धर्मस्थल अउरी दुकानन में जम के तोड़फोड़ कइल। तनाव बढ़त देख उहां सुरक्षा बल तैनात कइल गइल बा।
माधोपुर गांव, जहवां सांप्रदायिक तनाव फैलल उ ‘स्मृति वन’ से मात्र चार किलोमीटर दूर बा। स्मृति वन भुज अउरी गुजरात के भूकंप में मारल गइल लोगों के याद में बनावल गइल बा। पीएम नरेंद्र मोदी अतवार के एकर लोकार्पण करिहें।
Post Views: 6