Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CWG: भारतीय महिला टीम इंग्लैंड के हराकर रचलस इतिहास, पहिला बेर क्रिकेट में मिली पदक, मंधाना के तूफानी पारी

1,518

भारतीय महिला क्रिकेट टीम राष्ट्रमंडल खेलन के सेमीफाइनल में मेजबान इंग्लैंड के चार रन से हरा देलस। एह जीत के संगे टीम इंडिया फाइनल में पहुंच गइल। एह जीत के दम पs पदक पक्का हो गइल बा। क्रिकेट में भारत के पहिला बेर पदक मिली। पिछला बेर 1998 में पुरुष टीम खाली हाथ लवटल रहे। महिला टीम पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में पांच विकेट पs 164 रन बनवलस। जवाब में इंग्लैंड के टीम छव विकेट पs 160 रन बना सकल।

फाइनल में भारत के मुकाबला ऑस्ट्रेलिया आ न्यूजीलैंड के बीच होखे वाला दूसरका सेमीफाइनल के विजेता से होई। टीम इंडिया के जीत में सबसे बड़ योगदान स्टार ओपनर स्मृति मंधाना के रहल। ऊ मैच के सुरुआत धमाकेदार अंदाज में कइली। 23 गेना पs अर्धशतक लगाके इंग्लैंड के टीम के चौका देली। ओह समय से मैच में भारत के दबदबा मजबूत हो गइल। अंत में मुकाबला रोमांचक जरूर भइल बाकिर टीम इंडिया मैच जीते में सफल रहल।

मंधाना आ शेफाली के अर्धशतकीय साझेदारी

मैच में भारतीय कप्तान हरमनप्रीत कौर टॉस जीतके बल्लेबाजी के फसिला कइली। उनकर ई निर्णय सही साबित भइल। स्मृति मंधाना आक्रामक सुरुआत कइली। उनका शेफाली वर्मा के साथ मिलल। दुनो बल्लेबाज 7.5 ओवर में 76 रन के साझेदारी कs दिहल। एह दौरान मंधाना आपन अर्धशतक पूरा कइली। शेफाली 17 गेना पs 15 रन बनाके आउट भइली। ऊ दु गो चउका लगवली। शेफाली के फ्रेया केम्प कैथरीन ब्रंट के हाथो कैच करवली।

मंधाना के तूफानी पारी

स्मृति मंधाना

 

शेफाली के आउट होखला के कुछ देर बाद अगिलके ओवर में मंधाना पवेलियन लौट गइली। ऊ 32 गेना पs 61 रन बनवली। एह दौरान ऊ आठ चौका आ तीन छक्का लगवली। मंधाना 190.62 के स्ट्राइक रेट से रन बनवली। उनका के नटाली स्कीवर बॉन्ग के हाथों कैच करवली। मंधाना के राष्ट्रमंडल खेलन में ई दूसरा अर्धशतक हs। ऊ पाकिस्तान के खिलाफ नाबाद 63 रन के पारी खेलले रहली।

हरमनप्रीत ना खेल पवली बड़ पारी

कप्तान हरमनप्रीत कौर अच्छा सुरुआत कइली। ऊ 20 गेना पs 20 रन बना लेले रहली। अइसन लागत रहे कि ऊ इंग्लैंड के खिलाफ बड़ पारी खेलिहे, बाकिर 20 गेना पs 20 रन बनाके आउट हो गइली। 13.2 ओवर में जब टीम इंडिया के स्कोर 106 रन रहे तब हरमनप्रीत आउट हो गइली। उनका के फ्रेया केम्प बूचियर के हाथों कैच करवली।

जेमिमा ने टीम को 150 के पार पहुंचाया

अंतिम ओवरन में जेमिमा रोड्रिग्ज आ दीप्ति शर्मा ने बेहतरीन बल्लेबाजी कइली। चउथा विकेट खातिर 38 गेंदन पs 53 रन के साझेदारी कइल लो। दीप्ति 20 गेंद पs 22 रन बनाके आउट भइली। ऊ दु गो चौका लगवली। जेमिमा पिछला मैच में अर्धशतक लगवले रहली। अबकियो बेर ऊ टीम खातिर संकटमोचक साबित भइली। ऊ 31 गेना पs नाबाद 44 रन बनवली। जेमिमा के बल्लन से सात चौका निकलल। उनकर स्ट्राइक रेट 141.94 के रहल। पूजा वस्त्राकर जीरो पs  रनआउट भइली। स्नेह राणा के खाता खोले के मौका ना मिलल। ऊ बिना गेना खेलले  नाबाद रहली।

गेंदबाजी में स्नेह राणा ने किया कमाल

भारत खातिर एह मैच में सबसे बेहतर गेंदबाज स्नेह राणा रहली। ऊ चार ओवर में 28 रन देके दु विकेट लेली। दीप्ति शर्मा चार ओवर में 18 रन देके एगो सफलता हासिल कइली। इंग्लैंड के तीन बल्लेबाज रनआउट भइली लो। कप्तान नटाली स्कीवर सबसे बेसी 41 रन बनवली। डेनियल याट 35 आ एमी जोन्स 31 रन बनावे में सफल रहली। इंग्लैंड के आखिरी ओवर में जीत खातिर 14 रन बनावे के रहे। स्नेह राणा खाली नौ रन देली।

306550cookie-checkCWG: भारतीय महिला टीम इंग्लैंड के हराकर रचलस इतिहास, पहिला बेर क्रिकेट में मिली पदक, मंधाना के तूफानी पारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.