[the_ad_group id="30365"]

आमजन के जेब हो रहल बा ढीला: गोरखपुर में टमाटर फेरु तमतमाइल, लगवलस दोहरा शतक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नेपाल से तस्करी हो रहल नेपाली टमाटर पs सख्ती के असर बाजार मे लउकत बा। नेपाली टमाटर के कम आगमन के चलते मंगलवार के बेंगलुरु से आवे वाला टमाटर के दाम रिकार्ड स्तर पs पहुंच गईल। जहां टमाटर के थोक में 160 से 180 रुपिया जानि प्रति किलो के बीच बेचल गईल, जबकि खुदरा बाजार में टमाटर के एक महीना में दूसरा बेर दोगुना शतक मिलल।खुदरा बाजार में टमाटर प्रति किलो 200 से 240 रुपए के बीच बिकाइल।

जुलाई के पहिला सप्ताह में खुदरा बाजार में टमाटर के दाम 200 रुपिया प्रति किलो छू गईल रहे।जब टमाटर के दाम बढ़ल त नेपाल में तस्कर सक्रिय हो गईले अवुरी टमाटर के तस्करी क के इहाँ के मंडी में भेजल गईल। नेपाली टमाटर थोक में 50 से 60 रुपए के भाव से आ खुदरा बाजार में 100 से 120 रुपए के भाव से बिकाए लगले।

कुछ दिन बाद टमाटर के भाव 100 रुपिया से नीचे गिर गईल। लेकिन, अब फेरु टमाटर तमतमा गईल बा। फिलहाल बेंगलुरु से टमाटर से लदाइल एक दू गो गाड़ी ही आ रहल बा। अयीसना में दाम में तेजी से उछाल आईल बा। बाजार के विशेषज्ञ के मुताबिक टमाटर के दाम से लोग के राहत ना मिले वाला बा।

थोक बाजार के आढ़ती अवध गुप्ता के कहनाम बा कि, नेपाली टमाटर बाजार में आना बंद क देले बा। फिलहाल बेंगलुरु से रोजाना टमाटर के एक गाड़ी ही आवत बा। जबकि खपत 12 से 15 गाड़ी टमाटर के होखेला।

टमाटर के भाव

•थोक- 160 से 180

•खुदरा- 200 से 240

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]