[the_ad_group id="30365"]

जेने कबो माफिया अतीक के रहे कब्जा, ओने बनल फ्लैट आजु गरीबन के सौंपिहे सीएम योगी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी के प्रयागराज में जहाँ माफिया अतीक अहमद कब्जा करत रहले ओहिजा सरकार गरीबन खातिर घर बनवले बिया। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु एगो कार्यक्रम में 76 लोग के घरन के चाभी देबे जा रहल बाड़न। एगो फ्लैट के लागत साढ़े तीन लाख रुपिया राखल गइल बा। एह में गरीबन के भी सब्सिडी के लाभ मिली।

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में सरकार माफिया अतीक अहमद के कब्जे से मुक्त जमीन पs गरीब खातीर मकान बनवले बिया। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु एह घरन के लाभार्थियन के आवंटित करे जा रहल बाड़न। सीएम योगी प्रयागराज में एगो कार्यक्रम के दौरान लाभार्थियन के फ्लैट के चाभी दिहे।

बता दीं कि राज्य सरकार अतीक से मुक्त जमीन पs प्रधानमंत्री शहरी आवास योजना के तहत 76 फ्लैट बनवले बिया। सितंबर 2020 में प्रयागराज के लुकरगंज में 15 हजार वर्ग फीट जमीन माफिया अतीक अहमद के कब्जे से मुक्त करावल गईल रहे। एही जमीन पs 4 मंजिला टावर में 76 फ्लैट के निर्माण पूरा हो चुकल बा।

अधिकारी बतवले कि चार मंजिला भवन में तैयार फ्लैट में एगो फ्लैट के लागत 7.5 लाख रुपया राखल गईल बा। एहमें से लाभार्थी के महज साढ़े तीन लाख रुपिया देबे के पड़ी। बाकी राशि सरकार से सब्सिडी लाभ के रूप में लाभार्थी के दिहल जाई।

300 वर्ग फीट में एगो फ्लैट बनल बा

फ्लैट पावे खातीर 6030 लोग ऑनलाइन आवेदन कईले रहले। एहमें से 1600 पात्र आवेदक मिलल। एहमें से लॉटरी सिस्टम के माध्यम से चुनल लोग के आवास मिल जाई। आजु सीएम योगी आदित्यनाथ सुबह 11 बजे प्रयागराज के लूकरगंज में जनसभा के संबोधित करीहें। एही बीच ओह लोग के फ्लैट के चाभी लाभार्थियन के सौंपल जाई।

फ्लैट भगवा रंग से पेंट कइल गइल 

बता दी कि प्रयागराज के लूकरगंज में माफिया अतीक अहमद बहुत जमीन पs कब्जा कs लिहले रहले। प्रशासन जब एकरा बारे में जांच कईलस त अतिक्रमण सोझा आईल। एकरा बाद जमीन के मुक्त करावे के कार्रवाई भईल। सरकार के आदेश पs प्रशासन अतीक के कब्जा से 1731 वर्ग मीटर जमीन छोड़ देले रहे। अब एहिजा 76 गो फ्लैट तइयार हो गइल बा। सब केसर रंग से रंगल बा। हालही में इलाहाबाद मेडिकल एसोसिएशन के सभागार में ओह लोग के लॉटरी निकालल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]