[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी AIIMS में ऑडिटोरियम अउरी टोबैको कंट्रोल सेंटर के कइलें उद्घाटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बियफे के एम्स में ऑडिटोरियम अउरी तंबाकू नियंत्रण केंद्र (टोबैको कंट्रोल सेंटर) के उद्घाटन कइलें। साथ ही एम्स के निरीक्षण भी कइलें। एकरे अलावा मुख्यमंत्री तंबाकू नियंत्रण के लेके आयोजित संगोष्ठी में बतौर मुख्य अतिथि रहलें

पूर्वांचल में मुंह अउर फेफड़े के 95 फीसदी कैंसर के कारण तंबाकू बा। एम्स तंबाकू के दुष्प्रभाव, उपाय, शोध अउरी पालिसी पर काम करी। एकरे खातिर गोरखपुर एम्स में देश के पहिला नेशनल सेंटर फॉर पॉलिसी रिसर्च इन टोबैको कंट्रोल बनी।

एम्स के मीडिया प्रभारी डॉ महेंद्र सिंह बतवलें कि तंबाकू से होखे वाला बीमारियन के बारे में सबके जानकारी बा, लेकिन ई सेंटर तंबाकू पर पॉलिसी बनी। शोध के जरिये ई पता कइल जाई। कैंसर के साथ-साथ अउर कौन-कौन बीमारी हो रहल बा। तंबाकू के एह सेंटर पर एम्स के सब विभाग मिलकर काम करिहें। एहमें मुख्य विभाग में कैंसर, स्त्री अउरी प्रसूति रोग, नाक, कान, गला, प्लमोनरी मेडिसिन, जनरल मेडिसिन शामिल बा।

500 सीट वाला ऑडिटोरियम बन के बा तैयार

एम्स में 500 सीट के ऑडिटोरियम बनकर तैयार हो गइल बा। ऑडिटोरियम एकदम नवीन तकनीक से बनावल गइल बा। नवीन तकनीक अउर आधुनिक सुविधा से लैस ऑडिटोरियम 1949 वर्ग मीटर क्षेत्रफल में बनावल गइल बा। एहमें एक बड़ स्टेज बनावल गइल बा जेमे स्वचालित परदा भी लगावल गइल बा। रोशनी के विशेष ख्याल रखत आधुनिक लाइटें अउरी प्रोजेक्टर लगावल गइल बा। सिलिंग में दू आधुनिक तकनीक से लैस ऑडियो सेट भी लगावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]