[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: सीएम योगी के समीक्षा बैठक, बोलले- महोत्सव में लगावल जाव गोरखपुर के इतिहास पs आधारित प्रदर्शनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 11 से 13 जनवरी ले होखे वाला गोरखपुर महोत्सव में गोरखपुर के इतिहास पs आधारित प्रदर्शनी के आयोजन करे के निर्देश देले बाड़े। एह में गोरखपुर पs केन्द्रित विशिष्ट लेख लोग के पढ़े खातिर राखल जाव। साथ ही महोत्सव के माध्यम से लुप्त होखत पारंपरिक वाद्ययंत्र, गायन आ नृत्य कला के प्रोत्साहित करे के प्रयास होखे के चाहीं।

सीएम योगी सोमार के सबेरे गोरखनाथ मंदिर के विधानसभा हॉल में जनप्रतिनिधि आ अधिकारियन के साथे गोरखपुर महोत्सव, खिचड़ी मेला के तइयारी आ जिला के विकास कार्य के प्रगति के बारे में समीक्षा बइठक करत रहले। गोरखपुर महोत्सव आ खिचड़ी मेला खातिर अबहीं ले भइल तइयारी के जानकारी लिहला के बाद कहलन कि जवन काम बाचल बा ओकरा जल्दी पूरा करीं।

महोत्सव के चर्चा करत मुख्यमंत्री कहले कि पछिला साल में महोत्सव में आपन प्रतिभा के प्रदर्शन करेवाला कलाकार के जगह नयका स्थानीय कलाकार के मउका देवे के चाही। महोत्सव के स्टालन के उद्घाटन जनप्रतिनिधि लोग से होखे के चाहीं। खिचड़ी मेला के बारे में उ कहले कि बाबा गोरखनाथ के खिचड़ी चढ़ावे खातीर ए मेला में भारी संख्या में श्रद्धालु आवेले। अइसना में ओह लोग के सुरक्षा, सुविधा आ आराम में कवनो कमी ना होखे के चाहीं।

विकास कार्य के समीक्षा करत सीएम योगी कहले कि सभ काम में गुणवत्ता अवुरी समयबद्धता के ध्यान में राखे के चाही। मुख्यमंत्री ठंड के समय में आम जनता के सुविधा खातीर पर्याप्त संख्या में अलाव जरावे के निर्देश भी देले। उs कहले कि शहरी अवुरी ग्रामीण क्षेत्र में जगह के पहचान कs अलाव के व्यवस्था होखे के चाही।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]