[the_ad_group id="30365"]

श्री राम के ‘मांसाहारी’ कही के चारों ओर से घिरले जितेंद्र आव्हाड, माफी मंगले के बादो नईखे थमत बवाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एनसीपी शरद पवार गुट के नेता जितेंद्र आव्हाड पs भगवान श्री राम के मांसाहारी बुरा तरह घिरल बाड़े। भाजपा, अजीत पवार गुट अवुरी शिंदे गुट समेत संत भी आव्हाड पs कार्रवाई के मांग कईले बाड़े। इहाँ तक कि जीतेंद्र आव्हाड के खुद के पार्टी के नेता भी उनुका के चुनाव के मौसम में अयीसन बात मत बोले के सलाह दे रहल बाड़े। अईसन स्थिति में आव्हाड बैकफुट पs आके अपना बयान खातीर माफी मंगले, लेकिन अबे ले हंगामा नईखे रुकत।

आव्हाड का कहले रहले? 

बुध के दिने महाराष्ट्र के शिरडी में भइल एगो कार्यक्रम में आव्हाड कहलन कि भगवान राम शाकाहारी ना हउवन, ऊ मांसाहारी हउवन। कहलन कि 14 साल जंगल में रहे वाला आदमी शाकाहारी खाना खोजे कहाँ जाई? उ जनता से सवाल करत कहले कि इ सही बा कि ना?

आव्हाड माफी मंगले 

अपना के चारो ओर से घेराइल देख जितेन्द्र आव्हाड अपना बयान खातिर माफी मंगले बाड़न। आव्हाड कहले कि, काल्ह के हमरा बयान से केहु के भावना के चोट पहुंचल बा तs हम आपन अफसोस जतवतानी। शरद गुट के नेता एकनाथ खडसे भी आव्हाड के विवादित बयान मत देवे के सलाह देले बाड़े। उ कहले कि आव्हाड के नजरिया से इs कहल सही हो सकता लेकिन इs पार्टी के बयान नईखे हो सकत। चुनावी माहौल में अइसन विवादित बयान देबे से बचे के चाहीं, आपन ऊर्जा दोसरा महत्वपूर्ण मुद्दा पs खरच करे के चाहीं।

लगातार कार्रवाई के मांग 

भाजपा नेता राम कदम भगवान राम के मांसाहारी बतावे वाला बयान के चलते एनसीपी शरद पवार गुट के नेता जितेन्द्र आव्हाड के खिलाफ मुंबई में शिकायत दर्ज करवले बाड़न। एकरा अलावे नाशिक के पंचवती में वीएचपी अवुरी संत लोग आव्हाड के गिरफ्तारी के मांग कईले बाड़े अवुरी थाना में लिखित शिकायत देले बाड़े।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]