यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिवार के अपने सरकारी आवास पर तिरंगा झंडा फहराके घर तिरंगा अभियान की शुरुआत कइलें अउरी प्रदेशवासियन से आजादी के अमृत महोत्सव के भागीदार बनले के अपील कइलें।
मुख्यमंत्री योगी कहलें कि प्रिय प्रदेश वासी लोग! देश के आजादी के 75 वर्ष पूरा होखले के उपलक्ष्य में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में पूरा देश ‘आजादी का अमृत महोत्सव’ मना रहल बा। हमनी के आन-बान-शान के प्रतीक भारत का राष्ट्रध्वज देश के शौर्य, शांति अउर बलिदान के प्रतीक भी ह।
आईं, 13 से 15 अगस्त ले हर घर तिरंगा अभियान से जुड़के, हमहूँ अपने-अपने घर पर तिरंगा फहरा के ‘आजादी के अमृत महोत्सव’ में भागीदार बनीं प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ‘एक भारत-श्रेष्ठ भारत’ के संकल्प से जुड़ीं।






