[the_ad_group id="30365"]

RCP Singh Resigns: नीतीश से तकरार के बीच आरसीपी सिंह जदयू छोड़ले, नया पार्टी बनवला पs कहले ई बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिग्गज नेता आरसीपी सिंह जदयू के प्राथमिक सदस्यता से इस्तीफा दे देले बाड़े। एकरा पहिले सबेरही पार्टी उनका पs भ्रष्टाचार के आरोप लगवले रहे आ उनका के नोटिस भेजके जवाब मंगले रहे। अपना गांव से इस्तीफा के एलान करत आरसीपी सिंह जदयू के डूबता जहाज बतवले। आरसीपी सिंह मुस्तफापुर में एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में पार्टी छोड़े के घोषणा कइले आ आपन पार्टी बनावे के बात कहले।

ऊ कहले कि हमरा के बदनाम करे के कोसिस कइल जा रहल बा। हमरा नावे कवनो जमीन नइखे। हमरा पs जवन आरोप लगावल जा रहल बा, ऊ सब निराधार बा। जदयू के ईर्ष्या के कवनो इलाज नइखे। हम एह हालातन में ओह लो के साथे आगे नइखी बढ़ सकत।

एकरा पहिले जदयू उनका पs आरोप लगवलस कि राज्यसभा सांसद आ फेर केंद्रीय मंत्री रहत आरसीपी सिंह अकूत अचल संपत्ति बनवले बाड़े। उहो गलत तरीका से। राज्यसभा के सदस्यता खत्म होखला पs पिछिले महीने आरसीपी सिंह केंद्रीय मंत्री पद से इस्तीफा देले रहस।

एगो बात इहो बा कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ आरसीपी सिंह में पिछला कुछ समय से बहुते खटास बढ़ गइल रहे। इहे कारण बा कि मंत्री पद जातही खुद के पार्टी से एतना बड़ आरोप लगला पs कइयन तरे के सवाल खड़ा होखे लागल बा। कहल जाये लागल रहे कि जेडीयू में कुछ लोग बा, जे आरसीपी सिंह के राजनीति खत्म कइल चाहत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]