[the_ad_group id="30365"]

यूपी के कोटेदारन के बड़ तोहफा दे सकत बाड़े सीएम योगी, 80 हजार लोगन के होई फायदा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीएम योगी यूपी के कोटेदारन के एगो बड़हन तोहफा देबे के तइयारी में बाड़े। 14 जुलाई के सीएम योगी एकरा के गोरखपुर से सुरू कs सकेलें। एहमें 80 हजार कोटेदारन के लाभ मिले के उमेद बा। दरअसल, योगीराज बाबा गंभीरनाथ सभागार में होखेवाला कार्यक्रम में दशकों पुरान कमीशन (लाभांश) के 20 रुपया प्रति क्विंटल बढ़ावे के घोषणा कs सकतारे। एह कार्यक्रम में ऊ सीधे कोटेदार लोगन से बातचीत करिहें।
कोटेदारन के कमीशन बढ़ावे के कवायद साल 2021 से चल रहल बा। खाद्य आ रसद विभाग देश के तमाम राज्य आ केंद्र शासित प्रदेश में कोटेदार लोगन के मिलल कमीशन के बारे में जानकारी जुटावे में लागल रहे। संभावना बा कि कोटदारन के मिले वाला कमीशन में 20 रुपिया तक बढ़ जाई। फिलहाल गोरक्षनगरी समेत राज्य के कोटेदार के वितरण खाती 70 रुपया प्रति क्विंटल राशन मिलेला।
कोटदार बहुत दिन से एकरा के बढ़ावे के मांग करत रहल बा लो। उ लोग के कहनाम बा कि एतना कम कमीशन में एह लोग के खर्चा पूरा नईखे हो सकत। कवनो मददगार के पल्लेदारी, तौलाई आ दुकान, गोदाम के किराया, सहायक के मानदेय पूरा कइल मुश्किल हो जाला। वर्तमान में गोरखपुर के 1880 कोटेदार समेत पूरा राज्य में गांव शहर समेत करीब 80 हजार कोटेदार बाड़े। जदि 20 रुपया के बढ़ोतरी भईल तs कमिशन बढ़ के 90 रुपया प्रति क्विंटल हो जाई। मानल जाता कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 14 जुलाई के एकर घोषणा कs सकतारे। एह कार्यक्रम में जिला के सभे कोटेदारन के आमंत्रित कईल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]