[the_ad_group id="30365"]

Lalu Yadav Health Update: लालू के सेहत में सुधार, तेज प्रताप के भावुक पोस्ट- हमराबस बाबूजी चहिंहे आउर कुछो ना 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव के स्वास्थ में गते-गते सुधार हो रहल बा। जानकारी के मोताबिक लालू के किडनी मात्र 20 प्रतिशत काम करता। डॉक्टरन के टीम उनका पs नजर राखत बिया। ओह लो के मानल बा कि अबहीं खतरा खतम नइखे भइल। एही बीचे उनकर बड़ बेटा तेज प्रताप ट्विटर पs एगो भावुक पोस्ट कईले। लिखले कि बाबूजी जल्दी ठीक होके घरे आ जाई। रउए सब कुछ बानी। प्रभु, हम तहरा शरण में बानी, जबले बाबूजी घरे ना अइहें, तबले रहब। हमरा तs बस बाबूजी चहिहें आ एहसे बेसी कुछ ना। ना राजनीति ना कुछुओ बस हमार बाबूजी आ एकमात्र बाबूजी…

बिहार के 74 साल के पूर्व मुख्यमंत्री के बुध के रात एम्स में भर्ती करावल गईल रहे। पटना के एगो अस्पताल में लालू प्रसाद के कंधा समेत तीन जगह फ्रैक्चर भईला के चलते सुरू में इलाज भईल रहे। उ अपना घर में गिर गईल रहले, जवना के चलते उनका इ फ्रैक्चर भईल रहे।

एकरा से पहिले बतावल गईल रहे कि राजद अध्यक्ष के स्वास्थ में लगातार सुधार होखता। हो सकेला कि जल्दिए उनका के सीसीयू से प्राइवेट वार्ड में शिफ्ट कs दिहल जाव। एम्स के डॉक्टर लो के कहनाम बा कि लालू यादव के कंधा अउरी जांघ में मामूली फ्रैक्चर भईल रहे, जवना के चलते उनका कवनो प्रकार के सर्जरी के जरूरत नईखे। लालू यादव के तीन से चार दिन में गोड़ पs चलावे के कोसिस कईल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]