[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी दिवंगत विधायक के घर वालन से मिल के देहलें सांत्वना, बोलले- उनकर सपना के कइल जाई पूरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दिवंगत विधायक अरविंद गिरि के श्रद्धांजलि देवे गोला पहुंचल बानें। सीएम अरविंद गिरि के आवास पर उनके घर वालन से मुलाकात कs के सांत्वना दीहलें। एह दौरान कौनो भी विधायक के घर के अंदर घुसे के अनुमति नाइ मिलल।

दिवंगत विधायक के घर वाले बतवलें कि सीएम कहलें कि विधायक के जौन सपना अधूरे रह गइल बा, उनके पूरा क जाई अउर आश्वस्त कइलें कि पूरा परिवार के संगे पार्टी खड़ा बा। बता देईं कि जौने दिन अरविंद गिरि के निधन भइल रहे ओही दिन मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ विधायक के छोटे भाई राजेश गिरि के फोन कs के सांत्वना देहलें रहने अउर जल्दी गोला अइले के बात कहले रहलें।

मुख्यमंत्री के हेलीकॉप्टर पब्लिक इंटर कॉलेज स्थित स्व. राजेंद्र गिरि स्टेडियम में उतरल। सीएम अरविंद गिरि के परिजन से मुलाकात कइले के बाद शिव मंदिर भी जइहें। बता देईं कि मुख्यमंत्री के कार्यक्रम के ले के शुक्रवार के डीएम समेत पूरा प्रशासनिक अमला गोला में मौजूद रह के तैयारी में जुटल रहल। मुख्यमंत्री के आगमन के ले के जिला प्रशासन के तरफ से तैयारी पूरा बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]