Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीएम योगी दिवंगत विधायक के घर वालन से मिल के देहलें सांत्वना, बोलले- उनकर सपना के कइल जाई पूरा

218

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ दिवंगत विधायक अरविंद गिरि के श्रद्धांजलि देवे गोला पहुंचल बानें। सीएम अरविंद गिरि के आवास पर उनके घर वालन से मुलाकात कs के सांत्वना दीहलें। एह दौरान कौनो भी विधायक के घर के अंदर घुसे के अनुमति नाइ मिलल।

दिवंगत विधायक के घर वाले बतवलें कि सीएम कहलें कि विधायक के जौन सपना अधूरे रह गइल बा, उनके पूरा क जाई अउर आश्वस्त कइलें कि पूरा परिवार के संगे पार्टी खड़ा बा। बता देईं कि जौने दिन अरविंद गिरि के निधन भइल रहे ओही दिन मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ विधायक के छोटे भाई राजेश गिरि के फोन कs के सांत्वना देहलें रहने अउर जल्दी गोला अइले के बात कहले रहलें।

मुख्यमंत्री के हेलीकॉप्टर पब्लिक इंटर कॉलेज स्थित स्व. राजेंद्र गिरि स्टेडियम में उतरल। सीएम अरविंद गिरि के परिजन से मुलाकात कइले के बाद शिव मंदिर भी जइहें। बता देईं कि मुख्यमंत्री के कार्यक्रम के ले के शुक्रवार के डीएम समेत पूरा प्रशासनिक अमला गोला में मौजूद रह के तैयारी में जुटल रहल। मुख्यमंत्री के आगमन के ले के जिला प्रशासन के तरफ से तैयारी पूरा बा।

325620cookie-checkसीएम योगी दिवंगत विधायक के घर वालन से मिल के देहलें सांत्वना, बोलले- उनकर सपना के कइल जाई पूरा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.