[the_ad_group id="30365"]

देश के सबसे बड़ रबर डैम के सीएम नीतीश कइलें उद्घाटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सीएम नीतीश कुमार बियफ़े के देश के सबसे बड़ अउरी बिहार के पहिला रबर डैम के उद्घाटन कइलें। पौराणिक नगरी के नाम पर एह रबर डैम के नाम गयाजी डैम रखल गइल बा। सीताकुंड पुल के उद्घाटन के सथही सीएम नीतीश पितृपक्ष मेला महासंगम 2022 के भी उद्घाटन कइलें।

रबर डैम से गया के लोग के कई तरह के समस्या हल हो गइल बा। साथ ही पितृ पक्ष के मौका पर पिंडदानियन के भी अब काफी सहूलियत होई।

रबर डैम के उद्घाटन में बोलले सीएम नीतीश- ‘रबर डैम में पानी कब्बो नाइ होई कम’

सीएम नीतीश के संगे उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव अउर पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी भी मौजूद रहलें। सब नेता कार्यक्रम के संबोधित करत रबर डैम के फायदा गिनावल। एह दौरान सीएम नीतीश कुमार कहलें, बस डैमवे नाइ, बलुक ब्रिज भी बनवावल गइल बा अउर नाला भी बनवावल गइल बा ताकि पानी गंदा ना होखे। काफी कुछ विकास के काम बिहार में भइल बा। गया में बनल डैम के नाम पहिले रबर डैम रहल, लेकिन गया के पौराणिकता को देखत एके गयाजी रबर डैम के नाम दिहल गइल। हम लोग के अभीन बहुत काम करे के बा। इहां सबसे कम पानी के स्तर होई त उहों 2 मीटर होई, ओसे कम नाइ होई।”

एकरे निर्माण में 324 करोड़ रुपया के लागत आइल बा। एकरे निर्माण में इंडियन इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नॉलॉजी रूड़की के तकनीकी सेवा लिहल गइल। हम इंजीनियरिंग पढ़ाई कइलें बानीं एहलिए हमके मालूम बा कि रुड़की इंस्ट्यूट बहुते निम्मन बा। एके त गयाजी ही बोलल जाला, एहलिए रबर डैम के नामकरण गयाजी डैम हो गइल।”- नीतीश कुमार, सीएम, बिहार।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]