[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में कौनो समय 9451063836 पर फोन क के लेहल जा सकsता रोडवेज बस के जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रोडवेज बस से दिल्ली, आगरा, कानपुर, लखनऊ सहित तमाम शहर के यात्रा करे वाले यात्रियन खातिर राहत भरल खबर बा। अब उनके घर बइठले बस के जानकारी मिल जाई। गोरखपुर डिपो के रेलवे बस स्टेशन यात्रियन के सहूलियत खातिर बस इंक्वायरी नंबर 9451063836 जारी कइलें बा। एह पर फोन कs के केहू भी बस के संचालन से संबंधित जानकारी ले सकsता।

गोरखपुर बस डिपो के रेलवे बस स्टेशन से हर दिन 700 से अधिक बस कई शहरन अउरी कस्बा खातिर चलsला। एह बस से लगभग 20 से 25 हजार यात्री सफर करेने। अब ले बस स्टेशन पर पहुंचला के बादे  यात्रियन के बस से संबंधित जानकारी मिल पावत रहे। अइसन में कई रूट के यात्रियन के बस खातिर स्टेशन पर कई घण्टा अगोरे के पड़त रहल, लेकिन अब यात्रियन के  घर बइठले बस के जानकारी मिल जाई। इंक्वायरी नंबर पर 24 घंटा सातों दिन बस के संचालन से संबंधित जानकारी मिली। एकरे खातिर रोडवेज प्रबंधन अलग से कर्मचारी भी तैनात कइलें बा।

गोरखपुर डिपो सहायक क्षेत्रीय प्रबंधक महेश चंद्र कहलें कि यात्रियन के सहूलियत खातिर ई रोडवेज इंक्वायरी नंबर जारी कइल गइल बा। 9451063836 नंबर पर कॉल कs के यात्री बस के संचालन से संबंधित जानकारी ले सकेने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]