[the_ad_group id="30365"]

एकनाथ शिंदे के बड़ फैसिला, MLC खातिर महाविकास अघाड़ी सरकार के ओर से प्रस्तावित 12 नाम लिहलें वापिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाराष्ट्र के शिंदे सरकार पिछला एमवीए सरकार के ओर से 2020 में भेजल गइल 12 एमएलसी नामांकन के सूची वापिस ले लिहलें बा अउर राज्यपाल एकरे खातिर मंजूरियो दे देहलें बाड़ें। शिंदे सरकार अब राजभवन के नया नामन के सूची भेजी। बता देईं कि पिछला एमवीए सरकार ओनके ओह 12 नाम के लिस्ट देहले रहे जेके राज्यपाल कोटा के तहत महाराष्ट्र विधान परिषद में नामित कइल जाए के रहल। हालांकि राज्यपाल दू साल से अधिक समय पहिले मिलल एह सूची पs अब ले कौनो फैसिला नाइ लिहलें।

एमवीए सरकार के सूची में एह नेता लोग के रहल नाम

उद्धव ठाकरे के ओर से राजभवन को भेजल गइल सूची में शिवसेना कोटे से अभिनेत्री उर्मिला मातोंडकर, विजय करंजकर, नितिन बानुगड़े पाटिल अउर चंद्रकांत रघुवंशी, एनसीपी कोटा से एकनाथ खडसे, राजू शेट्टी, यशपाल भिंगे अउरी गायक आनंद शिंदे अउरी कांग्रेस कोटा से रजनीताई पाटिल, सचिन सावंत, अनिरुद्ध वांकर, मुजफ्फर हुसैन के नाव शामिल रहल।

अब भाजपा अउर शिंदे गुट के बीच एमएलसी सीट के बंटवारा

सूत्रन के अनुसार अब एमएलसी के सीट के बंटवारा शिंदे गुट अउरी भाजपा के बीच होई। भाजपा के एमएलसी के 9 सीट दीहल जा सकsता, जबकि शिंदे गुट के खाता में तीन सीट जा सकsता। हालांकि बतावल इहो जा रहल बा कि शिंदे गुट के ओर से चार सीट के दावा कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]