पूर्व केंद्रीय वित्त राज्य मंत्री शिव प्रताप शुक्ला प्रेस कॉन्फ्रेंस करत कहलें सामान्य वर्ग के हितैषी भारतीय जनता पार्टी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 4, 2022

पूर्व केंद्रीय वित्त राज्य मंत्री शिव प्रताप शुक्ला प्रेस कॉन्फ्रेंस करत कहले कि भारतीय जनता पार्टी के छोड़के सब राजनीतिक दल हर दिन पिछड़ा आ शेड्यूल कास्ट पs चर्चा करत रहेले। सामान्य वर्ग पs चरचा

Share

पूर्व केंद्रीय वित्त राज्य मंत्री शिव प्रताप शुक्ला प्रेस कॉन्फ्रेंस करत कहले कि भारतीय जनता पार्टी के छोड़के सब राजनीतिक दल हर दिन पिछड़ा आ शेड्यूल कास्ट पs चर्चा करत रहेले। सामान्य वर्ग पs चरचा केहू ना करेला, खाली भारतीय जनता पार्टी सामान्य वर्ग के गरीबी रेखा के नीचे के लोगन के 10% के आरक्षण देके सामान्य वर्ग के सम्मान कइलस।

सामान्य वर्ग के चिंता करेले भारतीय जनता पार्टी

पूर्व केंद्रीय वित्त राज्य मंत्री आगे कहले कि 2024 के तइयारी समूचा विपक्ष एक साथे प्रधानमंत्री कर खोज के साथे कर रहल बा। ऊ सपना देख रहल बा। 2024 के चुनाव एह तरे होखे वाला बा कि वर्तमान में भारतीय जनता पार्टी के लोकसभा में सदस्यन के जवन संख्या बा उ आ एनडीए के संख्या ओहु से जादे हो के हमनी के सरकार बनावे वाला बानी सs। अइसे केहू प्रधानमंत्री के ख्वाब देखत बा भा ओकरा विषय में सोचत बा तs ऊ आपन परिहास करावत बा आ विपक्ष के तs पूरा तरे परिहास होते बा।

सामान्य वर्ग के लेके कहले

सामान्य वर्ग के लोगन खातिर जवना तरे से राजनीतिक दलन उपेक्षा के भाव रहेला, ओकरा अलावे केहू जदि बात सामान्य के बात करेला भा सम्मान देला तs ऊ भारतीय जनता पार्टी देला। 10% आरक्षण देवे के काम भारतीय जनता पार्टी कइलस। भारतीय जनता पार्टी  एकमात्र अइसन पार्टी बिया जवन सब वर्गन के हितन के बारे में सोचेले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.