[the_ad_group id="30365"]

CM बघेल के OSD, अफसरन-व्यापारियन पs छापा, चार करोड़ नकद सहित आपत्तिजनक दस्तावेज मिलल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छत्तीसगढ़ के कई शहरन में ईडी मंगर के दिनभर छापेमारी कइलस। भोरे-भोरे एक बेर फिर से छापेमारी कइल गइल बा। एह बेर ईडी राज्य के कुछ वरिष्ठ अधिकारियन के संगे-संगे कारोबारियन के घर पर भी छापेमारी कइले बा। जेमें कुछ अइसनो लोग शामिल बा जेपर पहिले आईटी के भी रेड पड़ चुकल रहे।  छत्तीसगढ़ में एह बेर ईडी दुर्ग, रायपुर, रायगढ़ अउर महासमुंद सहित कई जगह पर छापा मरलें बा। सूत्र बतवलस कि ईडी के छापेमारी में साँझ ले लगभग चार करोड़ रुपया के नकदी बरामद कइल गइल बा जबकि करोड़न रुपया के आभूषण मिलल बा।

सूत्र हालांकि ई नाइ बतवलस कि ई सब सामान कहां बरामद कइल गइल बा। मानल जा रहल बा कि ईडी अधिकारियन के छापेमारी में बहुत कुछ बरामद कs लिहल गइल बा। साँझ के दिल्ली के अधिकारी भी रायपुर पहुंच चुकल बानें। एह पूरा छापेमारी के दिल्ली से वरिष्ठ अधिकारियन द्वारा कइल जा रहल बा। ईडी सीआरपीएफ से अतिरिक्त फोर्स मंगलें बा। एसे उम्मीद कइल जा रहल बा कि ईडी बुधवार के एसे भी बड़ कार्रवाई करी।

एह अधिकारियन के घर चल रहल बा छापेमारी

छत्तीसगढ़ के दुर्ग में मुख्यमंत्री बघेल के ओएसडी सौम्या चौरसिया, रायगढ़ में कलेक्टर रानू साहू के आवास पर, महासमुंद में अग्नि चंद्राकर, सूर्यकांत तिवारी, माइनिंग हेड आईएएस जेपी मौर्य के रायपुर स्थित आवास पर, रायगढ़ के गांजा चौक निवासी नवनीत तिवारी, प्रिंस भाटिया, सीए सुनील अग्रवाल के ठिकाना पर ईडी के कार्यवाही जारी बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]