[the_ad_group id="30365"]

विधानसभा उपचुनाव 2022: भाजपा यूपी, हरियाणा अउर तेलंगाना के उम्मीदवारन के नाम कइलस जारी, पढ़ीं पूरा सूची

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एह दिग्गजन के मिलल टिकट

भाजपा शनिचर के हरियाणा में आदमपुर विधानसभा उपचुनाव खातिर पार्टी नेता कुलदीप बिश्नोई के बेटे भव्य बिश्नोई के आपन उम्मीदवार बनवलें। उहवें तेलंगाना के मुनुगोड़े से के राजगोपाल रेड्डी अउर उत्तर प्रदेश के गोला गोरखनाथ से अमन गिरी के उतरले बा।

हरियाणा से वरिष्ठ नेता कुलदीप बिश्नोई अउर तेलंगाना से राजगोपाल  रेड्डी भाजपा में शामिल होके पहिले क्रमशः आदमपुर अउर मुनुगोड़े से कांग्रेस के विधायक रहलें। उहवें अमन गिरि अरविंद गिरी के बेटा, जे गोला गोकर्णनाथ से भाजपा विधायक रहलें अउर पिछले महीना उनकर मृत्यु हो गइल, जेसे निर्वाचन क्षेत्र में उपचुनाव के आवश्यकता भइल

इहां पढीं पूरा सूची…

नामांकन से लेके परिणाम तक के तारीख के भइल घोषणा

बता देईं कि अधिसूचना के तारीख सात अक्तूबर होई। जबकि नामांकन के तारीख 14 अक्तूबर, 17 अक्तूबर के नामांकन वापस लेहले के तारीख ह। तीन नवंबर के मतदान होई जबकि छह नवंबर के परिणाम आई।

चुनाव आयोग पंकज त्रिपाठी के बनवलें नेशनल आइकॉन

जानल-मानल एक्टर पंकज त्रिपाठी के चुनाव आयोग आपन नेशनल आइकॉन बनवले बा। EC के मुख्य निर्वाचन आधिकारी राजीव कुमार सोमार के एकर एलान कइलें। 2014 में चुनाव आयोग टीम इंडिया के बल्लेबाज चेतेश्वर पुजारा के गुजरात में होखे वाले विधानसभा चुनाव खातिर ब्रांड एंबेसडर बनवले रहे।

एह विधानसभा सीट पर होई मतदान

महाराष्ट्र के अंधेरी पूर्व, बिहार के मोकामा अउर गोपालगंज, हरियाणा के आदमपुर, तेलंगाना के मुनुगोड़े, उत्तर प्रदेश के गोला गोकरानाथ अउर ओडिशा के धामनगर(SC)विधानसभा सीट पर मतदान होई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]