Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चीन में कोरोना से बुरा हाल, डब्ल्यूएचओ बनवलस रियल टाइम कोविड डेटा साझा करे खातिर दबाव

350

चीन में कोविड से बुरा हाल बा। अस्पतालन में जगह नइखे अउर कब्रिस्तान में अंतिम संस्कार खातिर लाइन लागsता। सड़क खाली बा। अस्पताल में लोग के बेड नइखे मिलत। एही बीच सामने आइल रहल कि चीन नयका साल से कोरोना से जुड़ल आंकड़ा महीना में एक बेर ही जारी करी। ओ पर कोरोना के आंकड़े छिपवले के आरोप हमेशा से ही लागत आ रहल बा।

उहवें, अब सुक्क के भइल एगो बैठक में डब्ल्यूएचओ चीन पर रियल टाइम कोविड डेटा के साझा करे के दवाब बनवले बा। एह दौरान डब्ल्यूएचओ उच्च जोखिम वाले लोग खातिर गंभीर बीमारी अउर मृत्यु से बचावे खातिर टीकाकरण अउर बूस्टर के महत्व के भी दोहरवलस।

मिलल जानकारी के मुताबिक, विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) के टीम सुक्क के चीनी अधिकारियन से मुलाकात कइलें अउर चीनी स्वास्थ्य अधिकारियन से अस्पताल में भर्ती होखले, गहन देखभाल इकाई (आईसीयू) में प्रवेश अउर मृत्यु सहित बीमारी के प्रभाव पर अधिक आनुवंशिक अनुक्रमण डेटा के मांग कइलस।

साथही चीन के राष्ट्रीय स्वास्थ्य आयोग अउर राष्ट्रीय रोग नियंत्रण अउर रोकथाम प्रशासन के अधिकारियन से कोरोना टीकाकरण के डेटा भी नियमित रूप से साझा करे खातिर कहल गइल। खासकर कमजोर लोग अउर 60 साल से अधिक उम्र के लोग में। डब्ल्यूएचओ एके ले के एगो बयानों जारी कइले बा।

बयान के अनुसार, डब्ल्यूएचओ चीन से वायरल अनुक्रमण, नैदानिक प्रबंधन अउर प्रभाव मूल्यांकन के मजबूत करे के भी आह्वान कइलें अउर एह क्षेत्र में सहायता प्रदान करे के इच्छा व्यक्त कइलें। साथही बयान में इहो साफ कइल गइल कि डब्ल्यूएचओ सटीक जोखिम आकलन करे अउर प्रभावी प्रतिक्रिया के सूचित करे खातिर चीन अउर वैश्विक समुदाय के मदद करे खातिर निगरानी अउर डेटा के समय पs प्रकाशन के महत्व पर बल दिहलें।

426380cookie-checkचीन में कोरोना से बुरा हाल, डब्ल्यूएचओ बनवलस रियल टाइम कोविड डेटा साझा करे खातिर दबाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.