[the_ad_group id="30365"]

China-Taiwan Row: चीन अपना हरकत से परहेज नइखे करत, फेरू ताइवान सीमा के लगे नौ गो सैन्य विमान आ पोत भेज दिहलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

2020 से चीन ताइवान के आसपास चले वाला सैन्य विमान आ नौसैनिक जहाजन के संख्या धीरे-धीरे बढ़ा के ग्रे जोन के रणनीति के इस्तेमाल बढ़ा दिहले बा।

चीन के ताइवान पर कब्जा करे खातिर दखलंदाजी जारी बा । पिछला कुछ महीना में ताइपे के आसपास आपन सैन्य गतिविधि बढ़ा दिहले बा। एक बेर फेरु बीजिंग के सेना ताइवान के सीमा में घुसे के कोशिश कइलस।

चीन आ ताइवान के बीच लगातार तनाव बढ़ रहल बा। बीजिंग अपना हरकत से परहेज नइखे करत। एक बेर फेरु चीनी सेना ताइवान के सीमा में घुसे के कोशिश कइलस। हालांकि ताइवान के सेना भी एकर जवाब दिहलस। ताइवान के रक्षा मंत्रालय के कहना बा कि ताइवान के सीमा के लगे चीनी विमान आ नौसैनिक जहाज देखल गइल बा।

एतना विमान देखाई देलस

ताइवान के राष्ट्रीय रक्षा मंत्रालय के कहना बा कि एतवार के सबेरे छह बजे से सोमवार के दिन ताइवान स्ट्रेट की मध्य रेखा के चारो ओर चीन के नौ गो सैन्य विमान आ नौ गो नौसैनिक पोत देखल गइल बा।ताइवान के पूर्वी वायु रक्षा पहचान क्षेत्र (एडीआईजेड) में प्रवेश कइलस। बता दीं चीन आ ताइवान के बीच ई जल संधि एगो अनौपचारिक सीमा हs।

एकरा जवाब में ताइवान चीन के गतिविधि पर नजर राखे खातिर विमान, नौसैनिक जहाज आ वायु रक्षा मिसाइल सिस्टम के तैनाती कइलस। एमएनडी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs ईजानकारी देले बा।

एतवार के दिने ताइवान के चीन के 36 गो सैन्य विमान आ 12 गो नौसैनिक जहाज के पता चलल जवना में से 31 गो ताइवान के मध्य रेखा पार कs के ताइवान के उत्तरी, मध्य, दक्षिण पश्चिमी, दक्षिण पूर्वी आ पूर्वी हवाई रक्षा पहचान क्षेत्र (एडीआईजेड) में घुस गइल।

चीन महीना के शुरुआत में कई बेर विमान भेजले बा

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक अगस्त में अब तक ताइवान में 71 बेर विमान आ चीनी जहाज के 36 बेर पता चलल बा। सितंबर 2020 से चीन ताइवान के आसपास चले वाला सैन्य विमान आ नौसैनिक जहाजन के संख्या बढ़ा के ग्रे जोन के रणनीति के इस्तेमाल तेज कइले बा।

ग्रे जोन रणनीति का होला?

गौरतलब बा कि चीन ताइवान के आपन हिस्सा मानत बा जबकि ताइवान अपना के संप्रभु राष्ट्र मानत बा। अबहीं ले चीन ताइवान पर सीधे हमला नइखे कइले बाकिर ई सब ग्रे जोन में करेला। ई चीनी सेना के पैंतराबाजी हs, जवना के चलते ऊ सीधा युद्ध ना करेले बाकी सत्ता देखावेला। ग्रे जोन के मतलब होला कि कवनो देश सीधे हमला ना करे बाकिर हमेशा अइसन डर बनवले राखल ।सीधा सैन्य कार्रवाई के बजाय बहुत कुछ हो रहल बा जवन हमला के डर पैदा करेला। चीन ताइवान के साथे इहे कर रहल बा। चीन सितंबर 2020 से ‘ग्रे जोन’ के रणनीति के अधिका इस्तेमाल करत बा।

विशेषज्ञन के कहना बा कि ग्रे जोन युद्ध रणनीति असल में लमहर समय ले विरोधी के धीरे धीरे कमजोर करे के तरीका हs आ चीन ताइवान के संगे ठीक वइसने करे के कोशिश करत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]