[the_ad_group id="30365"]

बांग्लादेश में सत्तारूढ़ पार्टी आ समर्थकन के बीच खूनी झड़प, 72 लोगन के गईल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

सरकार में आरक्षण प्रणाली के लेके छात्र संगठनन के ओर से घोषित “असहयोग” आंदोलन के पहिला दिन अतवार के दिने देश के अलग अलग हिस्सा में प्रदर्शनकारी आ अवामी लीग समर्थकन का बीच भइल हिंसक झड़प में 14 गो पुलिसकर्मी समेत नाहियो तs 72 लोग के मउत हो गइल आ सैकड़न लोग घायल हो गइले. प्रदर्शनकारी सरकार के इस्तीफा के मांग करत ‘असहयोग कार्यक्रम’ में भाग लेवे आईल रहले। अवामी लीग, छात्र लीग आ जुबो लीग के कार्यकर्ता एह लोग के विरोध कइले आ ओकरा बाद दुनु दल के बीच झड़प हो गइल. ‘प्रोथोम अलो’ अखबार अपना खबर में कहलस कि, “अब तक दिन भर भईल झड़प में 72 लोग के मउत हो चुकल बा, पुलिस मुख्यालय के मुताबिक देश भर में 14 पुलिसकर्मी के मउत के खबर बा। जेमे 13 लोग सिराजगंज के हs।

बांग्लादेश में इंटरनेट बंद हो गइल

अखबार के मुताबिक, कोमिला के इलियटगंज में एक आदमी के हत्या कs दिहल गईल। गृह मंत्रालय अतवार के सांझ के 6 बजे से देश में अनिश्चितकालीन कर्फ्यू लगावे के फैसला कईलस। सरकारी एजेंसी सोशल मीडिया प्लेटफार्म ‘फेसबुक’, ‘मैसेंजर’, ‘व्हाट्सएप’ आ ‘इंस्टाग्राम’ बंद करे के आदेश दिहले बाड़ी सँ. अखबार में खबर आइल बा कि मोबाइल प्रदाता लोग के 4जी इंटरनेट बंद करे के आदेश दिहल गइल बा. ‘स्टूडेंट्स अगेंस्ट डिस्क्रिमिनेशन प्लेटफॉर्म’ सरकार के इस्तीफा के एक सूत्री मांग के संगे आज से पूरा तरीका से “असहयोग” आंदोलन के आह्वान कईले। एही बीच प्रधानमंत्री हसीना कहली कि विरोध के नाम पs बांग्लादेश में तोड़फोड़ करेवाला लोग छात्र ना बालुक आतंकी हवे अवुरी जनता से अयीसन लोग से कड़ाई से निपटे के कहली। उs कहली कि, हम देशवासी से अपील करतानी कि उs लोग एs आतंकी से कड़ाई से निपटे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]