[the_ad_group id="30365"]

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु निकाय चुनाव करावे वाराणसी अइहें, जनसभा के संबोधित करत गरजिहें सीएम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भाजपा के क्षेत्रीय अध्यक्ष दिलीप सिंह पटेल कहले कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आवे वाला एक मई के दुपहरिया तीन बजे शिवपुर के मिनी स्टेडियम में जनसभा के संबोधित करीहे।

नागरिक चुनाव के देखत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिवार के काशी में बुद्धिजीवी लोग से बातचीत करीहे। कबीरचौरा रोड स्थित सरोजा पैलेस में आयोजित कार्यक्रम में मुख्यमंत्री दुपहरिया तीन बजे संवाद में भाग लीहे। एह में काशी में पिछला नौ साल में जवन विकास भइल बा ओकरा पे प्रबुद्ध लोगन से चरचा कइल जाई।

भाजपा के क्षेत्रीय अध्यक्ष दिलीप सिंह पटेल कहले कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आवे वाला एक मई के दुपहरिया तीन बजे शिवपुर के मिनी स्टेडियम में जनसभा के संबोधित करीहे। जनसभा के तइयारी शुरू हो गइल बा। मंडल में बैठक के क्रम अंतिम चरण में बा।

काशी तमिल संगमम के बाद तेलुगु संगमम के संबोधित करिहे पीएम मोदी

वाराणसी में काशी तमिल संगमम के बाद प्रधानमंत्री शनिवार के काशी तेलुगु संगमम के तीर्थयात्री लोग के वर्चुअल रूप से संबोधित करीहे। मानसरोवर घाट पे साँझ छह बजे से नौ बजे ले सांस्कृतिक कार्यक्रम करावल जाई। प्रधानमंत्री साँझ सात बजे वर्चुअल माध्यम से काशी आइल सगरी तीर्थयात्रियन के स्वागत करीहें।

ई जानकारी बियफे के दिने कांची कामकोटि मठ में राज्यसभा सांसद जीवीएल नरसिंह दिहलन। पत्रकारन से बतियावत सांसद कहले कि पीएम के संबोधन के तेलुगु में अनुवाद कइल जाई। पीएम के संबोधन से पहिले विद्वान आचार्य चारो वेद, रुद्री, स्तोत्र के पाठ करीहें।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]