[the_ad_group id="30365"]

Mallikarjun Kharge Remarks: ‘माफी मांगीं, ना त…’, ज्योतिरादित्य सिंधिया के कांग्रेस पs बड़ हमला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ज्योतिरादित्य सिंधिया मल्लिकार्जुन खर्गे पs : केंद्रीय नागरिक उड्डयन मंत्री आ भाजपा नेता ज्योतिरादित्य सिंधिया बियफे (28 अप्रैल) के दिने कांग्रेस पे बड़हन हमला कइलन। उ कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खर्गे के ओर से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से कईल आपत्तिजनक टिप्पणी के निशाना बनवले। संगही कहलस कि कांग्रेस अध्यक्ष के माफी मांगे के चाही, ना त देश के जनता कांग्रेस के माफ ना करी। सिंधिया कांग्रेस के नकारात्मक पार्टी बतवलस। उ कहले कि कांग्रेस पीएम मोदी खातीर गाली देवे वाला शब्द के इस्तेमाल क के आपन परिभाषा खुद तय कईले बिया।

ज्योतिरादित्य सिंधिया के पूरा कमेंट

ज्योतिरादित्य सिंधिया बियफे के दिने पीएम मोदी पे मल्लिकार्जुन खर्गे के विवादित टिप्पणी के वीडियो ट्वीट करत लिखले कि, कांग्रेस खुदे प्रधानमंत्री खातिर हर दिन गाली देबे वाला शब्दन के इस्तेमाल क के आपन परिभाषा तय कइले बिया, जइसे कि भाषा, जइसे परिभाषा, नकारात्मक पार्टी, जवना के सबले बड़का पैरवीकार बा कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे जी! माफी मांगीं, ना त देश के जनता कांग्रेस के माफ ना करी।

मल्लिकार्जुन खरगे का कहले?

जनसभा के संबोधित करत खरगे कहले रहले कि, “पीएम मोदी ‘जहर वाला साँप’ निहन बाड़े, आप सोच सकतानी कि जहर बा कि ना, जहर चखब त मारल जाई”। खरगे अपना सफाई में कहले रहले , उ कहले कि, “हम प्रधानमंत्री मोदी आ संघ के विचारधारा पे कुछ कहनी, हमार नजरिया ओ लोग के विचारधारा के बारे में बा, केहु पे निजी आक्रमण नईखे।”

 

कर्नाटक के सीएम बोम्मई के भी खरगे पे हमला

महत्व के बात बा कि कर्नाटक में 10 मई के विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। एकरा खातिर चुनाव प्रचार के दौरान कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे पीएम मोदी पे विवादित टिप्पणी कईले। कर्नाटक के मुख्यमंत्री बसवराज बोम्मई भी एकरा पे निशाना बनवले। सीएम बोम्मई कहले कि कांग्रेस अध्यक्ष के दिमाग में जहर बा आ उनुका पीएम मोदी-भाजपा के लेके पूर्वाग्रह बा। बोम्मई कहले कि खरगे के बयान से उनुका कुंठा के पता चलता कि उ राजनीतिक रूप से लड़े में असमर्थ बाड़े आ उनुकर जहाज डूबता।

साभार- abp live

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]