Murder: Chhapra में प्रेम प्रसंग में जुवक के हत्या, 2 आरोपी गिरफ्तार

Anurag Ranjan
Chhapra: प्रेम प्रसंग में जुवक के हत्या

Chhapra: छपरा में एगो जुवक के हत्या के ममिला में पुलिस दुगो सगा भाइयन के गिरफ्तार कइले बिया। अमनौर थाना क्षेत्र के लक्ष्य कोटी गांव के नीतीश कुमार आ रितेश कुमार के पुलिस हिरासत में लिहल गइल बा। दुनो पs लच्छी कौतुकी गांव निवासी राहुल कुमार सिंह के हत्या के आरोप बा।

एकरा के देखीं: NAZARIA| नज़रिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI

पुलिस जांच में सामने आइल कि हत्या के कारण प्रेम प्रसंग रहे। आरोपी राहुल के बहिन से फोन पs बात करत रहे। एकरा के लेके पहिलहूं दुनो पक्षन में विवाद भइल रहे। एह विवाद में मारपीट तक के नौबत आ गइल रहे। ओकर निपटारा पंचायत स्तर पs कs दिहल गइल रहे। बाकिर सुलह के मात्र दु दिन बादे 31 दिसंबर के रात के अपराधी राहुल के चाकू से गोदके हत्या कs देलें।

Chhapra: मृतक के फाइल फोटो।
Chhapra: मृतक के फाइल फोटो।

Chhapra: तकनीकी अनुसंधान के आधार पs भइल गिरफ्तारी

एसपी कुमार आशीष बतवलें कि तकनीकी अनुसंधान आ सूचना के आधार पs दुनो आरोपियन के गिरफ्तारी कइल गइल बा। ममिला में सामिल आउर आरोपियन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी जारी बा। राहुल के शव ओकरा घर के छत से लहूलुहान अवस्था में बरामद कइल गइल रहे। एह घटना से गांव में तनाव के माहौल बा, काहेकि हत्या के आरोपियो गांवे के जुवक बा।

Read Also: Badrinath Dham: चार मई के खुली बद्रीनाथ धाम के कपाट, जानीं कब से सुरू होई चारधाम यात्रा

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।