कांग्रेस नेता शकील अहमद खान के बेटा कइलस आत्महत्या, MLC आवास में फंदा से लटकल मिलल शव

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 3, 2025

राजधानी पटना से बड़ी खबर आ रहल बा। कांग्रेस विधायिका पार्टी के नेता शकील अहमद के एकलौता बेटा आत्महत्या कs लेले बाड़े। मिलल जानकारी के मुताबिक उs खुद एमएलसी आवास पs आत्महत्या कs लेले। एs

Share

शकील अहमद खान के बेटा कइलस आत्महत्या

राजधानी पटना से बड़ी खबर आ रहल बा। कांग्रेस विधायिका पार्टी के नेता शकील अहमद के एकलौता बेटा आत्महत्या कs लेले बाड़े। मिलल जानकारी के मुताबिक उs खुद एमएलसी आवास पs आत्महत्या कs लेले। एs घटना के बाद मौका पs हंगामा होखता। पुलिस मौका पs पहुंच के मामला के छानबीन में जुटल बिया। एह खबर के बाद कांग्रेस विभाग में शोक के लहर बा।
सचिवालय के डीएसपी एह घटना के पुष्टि कइले बाड़े. पुलिस अधिकारी मौका पs पहुंचल बाड़े।

पटना के सरकारी आवास में मिलल लाश
बतावल जाता कि बेटा के शव पटना के शकील अहमद खान के सरकारी आवास से मिलल बा। बेटा रात में अकेले कमरा में सुतत रहे। सबेरे ना उठले तs जांच कईल गईल। जब लोग कमरा में जाके देखले कि ओकर शव लटकल बा। आयान शकील अहमद खान के एकलौता बेटा रहले। अब दुनो बच्चा में सिर्फ एक बेटी बाचल बा।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! जवना साधना कट खातीर लईकी पागल रहली, ओकरा पीछे बा मजेदार कहानी…

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.