Badrinath Dham: चार मई के खुली बद्रीनाथ धाम के कपाट, जानीं कब से सुरू होई चारधाम यात्रा

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 3, 2025

Badrinath Dham : उत्तराखंड़ में वसंत पंचमी के सुभ अवसर पs अतवार के टिहरी राज दरबार नरेंद्रनगर में श्री गणेश पूजन के संगे विश्व प्रसिद्ध धाम भगवान श्री बद्रीनाथ के कपाट खोले के तिथि घोषित

Share

Badrinath Dham: चार मई के खुली बद्रीनाथ धाम के कपाट

Badrinath Dham : उत्तराखंड़ में वसंत पंचमी के सुभ अवसर पs अतवार के टिहरी राज दरबार नरेंद्रनगर में श्री गणेश पूजन के संगे विश्व प्रसिद्ध धाम भगवान श्री बद्रीनाथ के कपाट खोले के तिथि घोषित कs दिहल गइल। सुभ लग्न के अनुसार मंदिर के कपाट आवे वाला चार मई के सबेरे छव बजे सबेरे विधिवत पूजा-अर्चना के संगे आम श्रद्धालुअन के दर्शनार्थ खोलल जाई। भगवान बद्रई विशाल के महाभिषेक खातिर तिलन के तेल 22 अप्रिल के पिरोवल जाई। ओहि दिन राज दरबार से गाडू घड़ा तेल कलश यात्रा सुरु होई। एकरा संगही चारधाम यात्रा के विधिवत सुरुआत हो जाई।

एकरा के देखीं: NAZARIA| नज़रिया | MADDHIM | PARITOSH TRIPATHI| ARUNA GIRI | PRATIMA YOGI |YAYAWARI VIA BHOJPURI

नरेंद्रनगर इस्थित राजदरबार में वंसत पंचमी पs राज पुरोहित आचार्य कृष्ण प्रसाद उनियाल गणेश, पंचांग आ चौकी पूजन के बाद महाराजा मनुज्येंद्र शाह के जन्म कुंडली के अध्ययन आ ग्रह नक्षत्रन के दशा देखकर भगवान श्री बद्रीनाथ मंदिर के कपाट खोले के तिथि घोषित कइलस। भगवान बद्री विशाल के महाभिषेक खातिर स्थानीय सुहागिन महिला महारानी माला राज्य लक्ष्मी शाह के नेतृत्व में 22 अप्रैल के राजदरबार में तिलन के तेल निकलिहें।

Badrinath Dham: महाराजा मनुज्येंद्र शाह के जन्म कुंडली के आधार पs तय भइल तिथि

टिहरी के नरेश महाराजा मनुज्येंद्र शाह बतवलें कि चार मई के सबेरे 6:00 बजे श्री बद्रीनाथ धाम के कपाट खोल दिहल जाई। ऊ देस के श्रद्धालुअन से अपील कइले कि जादे से जादे सख्या में सुखद आ सफल यात्रा करीं। राज पुरोहित आचार्य कृष्णा प्रसाद उनियाल बतवलें कि महाराजा मनुज्येंद्र शाह के जन्म कुंडली के आधार पs ई तिथि तय कइल गइल बा। धार्मिक पंचायत के उपाध्यक्ष भास्कर डिमरी बतवलें कि 22 अप्रिल के राजदरबार में सुहागिन महिलन के ओर से तिलन के तेल पिरोवल जाई।

Read Also: Grammy Awards: भारतीय-अमेरिकी संगीतकार आ चंद्रिका टंडन जीतली ग्रैमी, एल्बम ‘त्रिवेणी’ खातिर मिलल पुरस्कार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.