लक्ष्मीनारायण मंदिर में युवक मचवलस उत्पात, मां दुर्गा के मूर्ति तुडलस, पुजारी के कपार फोड़लस

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 5, 2025

मध्य प्रदेश के मुरैना से एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा। इहाँ लक्ष्मीनारायण मंदिर में एगो युवक हंगामा मचा के माँ दुर्गा के मूर्ति के तोड़ के फेंक देले बा। संगही आरोपी युवक मंदिर

Share

मध्य प्रदेश

मध्य प्रदेश के मुरैना से एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा। इहाँ लक्ष्मीनारायण मंदिर में एगो युवक हंगामा मचा के माँ दुर्गा के मूर्ति के तोड़ के फेंक देले बा। संगही आरोपी युवक मंदिर के पुजारी पs हमला कs ओकर माथा फोड़ देले बा। एह घटना के सोझा अईला के बाद इलाका में हलचल मच गईल बा।

पूरा बात का बा?

लक्ष्मीनारायण मंदिर में एगो युवक माँ दुर्गा के मूर्ति के तोड़ के फेंक दिहलस अवुरी पुजारी पs जानलेवा हमला कs देलस। मामला जिला के पोरसा थाना क्षेत्र अंतर्गत किर्रायच रोड पs स्थित लक्ष्मीनारायण मंदिर से जुड़ल बा। आज दुपहरिया में एगो युवक मंदिर में घुस के आतंक पैदा कs के माँ दुर्गा के मूर्ति के तोड़ के चौक में फेंक देलस।

इहो पढ़ीं : Delhi Election: आज दिल्ली में मतदान, भाजपा, आप आ कांग्रेस के बीच त्रिकोणीय मुकाबला

जब पुजारी युवक के रोके के कोशिश कईलस तs युवक एगो टूटल मूर्ति से पुजारी पs हमला कs देलस, जवना के चलते पुजारी के माथा में चोट लागल। मामला के जानकारी मिलते नजदीक के लोग मंदिर पहुंचले अवुरी घाही पुजारी के प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र पोरसा ले आवल गईल। इहाँ पुजारी के इलाज तुरंत शुरू हो गईल।

पुजारी के बयान सामने आईल

लक्ष्मीनारायण मंदिर के पुजारी मातादीन शर्मा बतवले कि युवक शराब पी के मंदिर में घुसल रहे अवुरी मंदिर में घुसते हमरा संगे गारी-गलौज करे लागल। एकरा बाद उs हमार कॉलर पकड़ के हमनी के फेंक देले। एकरा बाद उs युवक मंदिर में मौजूद मूर्ति के कपड़ा फाड़ के एगो मूर्ति के तोड़ देलस। फेर ओसे हमरा माथा पs हमला कs दिहलस. इs घटना सोझा अईला के बाद चर्चा होखता कि युवक इs घटना काहें कईलस.

इहो पढ़ीं: आजु 11 बजे PM मोदी संगम में करिहें पवित्र स्नान, प्रयागराज में सिक्योरिटी प्रोटोकॉल लागू

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.