[the_ad_group id="30365"]

चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी.जी. कॉलेज आ यायावरी वाया भोजपुरी के साथे MOU भइल साइन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर : चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी.जी. कॉलेज आ यायावरी वाया भोजपुरी के साथे MOU साइन भइल। जवना में यायावरी वाया भोजपुरी परियोजना अधिकारी श्वेता सुप्रिया आ चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी.जी. कॉलेज के प्राचार्या डा. सुमन सिंह के हस्ताक्षर से इकार्य संपन्न भइल।

 

एही क्रम में चंद्रकान्ति रामवती देवी आर्य महिला पी.जी. कॉलेज में युवा संसद सत्र कार्यक्रम में काल्हु राजनीति विज्ञान विभाग के छात्रा लोग के ओर से ‘युवा संसद सत्र’ के संचालन भईल। जवना में अविश्वास प्रस्ताव अवुरी महिला शक्ति वंदन एक्ट पs चर्चा भईल। दुनो विधेयक पs मतदान सरकार के पक्ष में ध्वनि मत से वोटिंग भईल। संसद के संयोजन प्रवक्ता डॉ० प्रीति त्रिपाठी रहली। सदन के राजनीति विज्ञान विभाग के विभागाध्यक्ष श्रीमती स्वप्निल पाण्डेय आहुत कइली।

यायावरी वाया भोजपुरी का ह? 

ईश्वर बृज फाउंडेशन द्वारा संचालित माटी परियोजना के तहत निर्मित भोजपुरी भाषा के पहिला स्टोरी टेलिंग मोबाइल ऐप्लिकेशन यायावरी वाया भोजपुरी द्वारा विगत तीन साल से विश्व के अलग-अलग देश के अलग-अलग भाषा के कहानी के लोग खातीर भोजपुरी भाषा में अनुवाद कs के सुने के प्लेटफार्म पs उपलब्ध करावल जा रहल बा।

 

युवा लोग के जोड़े खातिर यायावरी वाया भोजपुरी के ओर से एगो नया योजना शुरू कईल गईल बा, जवना के नाम ‘यायावरी क्लब’ के रूप में चुनल गईल बा।यायावरी क्लब के गठन के मुख्य उद्देश्य युवा लोग के भोजपुरी भाषा से जोड़ल बा। कवनो भाषा के बढ़िया से सीखला से ओकर प्रयोग एगो कौशल में बदलल जा सकेला।

सदन में सोनल शुक्ता (अध्यक्ष), जान्हवी पाण्डेय (प्रधानमंत्री), पूजा राव (गौरव गोगोई), नेहा नायक (गृहमंत्री), अर्चना रंजन (अल्पसंख्यक कार्य मंत्री), खुशी शर्मा (अधीर रंजन चौधरी), राधना पासवान (राहुल गांधी), शिवांगी पासवान (सोनिया गांधी), भावना पाण्डेय (रक्षा मंत्री), संतोषी (कानून मंत्री), पुष्पा गौड़ (वृत्त मंत्री), तनीषा, पूजा प्रजापति, रूक्मणी (मार्शल) उपस्थित रहली।”

 

एह मउका पs कॉलेज के प्रबंधक डॉ० विजयलक्ष्मी मिश्रा छात्रा सs के तारीफ कईली आ यायावरी वाया भोजपुरी के धन्यवाद यापित कइली । मुख्य अतिथि श्रीमती श्वेता श्रीवास्तव (अध्यक्ष भाजपा महिला मोर्चा) छात्रन के संबोधित करत समय एह कार्यक्रम के बहुत सराहना कइली आ छात्रन के तारीफ कइली।

एह मउका पs राजनीति विज्ञान विभाग के प्रवक्ता श्रेया द्विवेदी, शंकर थापा, डॉ० रेखा रानी शर्मा, डॉ पवन राज, डॉ० आस्था प्रकाश, डॉ० अमिता अग्रवाल, डॉ० शिवानी श्रीवास्तव आ यायावरी वाया भोजपुरी के टीम मौजूद रहे आ धन्यवाद ज्ञापन कॉलेज के प्रिंसिपल डॉ. सुमन सिंह कइली । एह मउका पs कॉलेज के सगरी विद्यार्थी आ प्रवक्तागण लोग मौजूद रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]