चंदन गुप्ता हत्याकांड: छह साल बाद NIA कोर्ट सुनवलस फैसला, 28 दोषी करार

चंदन गुप्ता के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल।

Share


लखनऊ की विशेष एएनआई कोर्ट कासगंज में भइल चंदन गुप्ता हत्याकांड में छव साल बाद फैसला सुना देलस। कोर्ट 28 आरोपियन के दोषी करार देले बा, जबकि दु के सबूतन के अभाव में बरी कs देले बा। बता दीं कि 26 जनवरी 2018 के कासगंज में तिरंगा यात्रा के दौरान अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के कार्यकर्ता चंदन गुप्ता के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल रहे। जवना के बाद इलाका में हिंसा फइल गइल रहे। घटना के लेके यूपी में कानून बेवस्था पs सवाल उठल रहे।

ममिला में सलीम नाम के जुवक के मुख्य आरोपी बनावल गइल रहे। ओहिजा, करीब 20 लोगन के नामजद कइल गइल रहे। चंदन एगो सामाजिक संस्था चलावत रहलें। उनकर पिता सुशील गुप्ता कासगंज के एगो अस्पताल में कंपाउंडर के रूप में काम करत रहस।

हत्या के बाद कासगंज के माहौल खराब हो गइल रहे आ हिंसा भड़क उठल रहे। शहर में उपद्रव आ आगजनी भइल। पुलिस कार्रवाई करत 49 लोगन के गिरफ्तार कइले रहस। बियफे के एनआईए कोर्ट छव साल बाद फैसला सुना देलस।

Read Also: WhatsApp: व्हाट्सएप में मैसेज भेजला के बाद काहे ना लउकेला ब्लू टिक, एगो ना एकर बा कइयन गो कारण

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-