[the_ad_group id="30365"]

केंद्र के एफएम रेडियो चैनलन के हिदायत, नशा के बढ़ावा देवे वाला गानन पs लगावे रोक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के एफएम रेडियो चैनलन के अब नशा के बढ़ावा देवे वाला गाना भा आउर सामग्री चलावे से पहिले सौ बेर सोचे के होई। केंद्र सरकार रेडियो चैनलन के अइसन गानन के चलावे से आगाह कइले बिया जवन शराब, ड्रग्स, गन कल्चर समेत आसामाजिक गतिविधियन के बढ़ावा देवेला।

एफएम रेडियो चैनलन खातिर सूचना आ प्रसारण मंत्रालय के ओर से जारी एगो एडवाइजरी में सख्त निरदेस दिहल गइल बा कि, ऊ ग्रांट ऑफ परमिशन एग्रीमेंट आ माइग्रेशन ग्रांट ऑफ परमिशन एग्रीमेंट में निर्धारित नियमन आ शर्तन के सख्ती से पालन करे। संगही निरदेस बा कि, अइसन कवनो सामग्री के प्रसारण ना करे जवना से नियमन के उल्लंघन होखे।

एडवाइजरी में कहल गइल बा कि, कवनो तरे के उल्लंघन कइला पs ग्रांट ऑफ परमिशन एग्रीमेंट (जीओपीए) माइग्रेशन ग्रांट ऑफ परमिशन एग्रीमेंट (एनजीओपीए) में निर्धारित नियमन आ शर्तन के अनुसार उचित मानल जाये वाला दंडात्मक कार्यवाही कइल जाई। अइसन सामग्री आकाशवाणी कार्यक्रम संहिता के उल्लंघन करत बा आ केंद्र के अनुमति के निलंबन आ प्रसारण पर रोक लगावे खातिर प्रतिबंध लगावे के अधिकार हs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]