गोरखपुर महोत्सव: भोजपुरी नाइट में कलाकार लोग लुटल महफिल; रवि किशन आ निरहुआ रंग जमावल लो रंग; कल्पना, अनुपमा आ शिल्पी जनता के झुमावल लो

khabar Bhojpuri Desk

गोरखपुर महोत्सव में सुक के सांझ भगवान श्रीराम के नाम रहल। भोजपुरी नाइट के मंच मशहूर लोकगायिका कल्पना पटवारी, अनुपमा यादव आ शिल्पी राज रामभजनन से सजावल लो। सांसद रवि किशन आ दिनेश लाल यादव निरहुआ खूब रंग जमावल लो। भगवान श्रीराम के भजनन से सांझ भइल तs रात आउर आगे बढ़ल। देर रात श्रोता महोत्सव परिसर में जमल रहल लो आरऔर भोजपुरी गीतन के झूमके लुत्फ उठावल लो।

कार्यक्रम के सुरुआत अनुपमा यादव के गीतन से भइल। ‘योगी जी की सेना चली’ आ मेरे भारत का बच्चा-बच्चा’ जइसन भजनन पs ऊ पब्लिक के झूमे पs मजबूर कs देलें। ओहिजा, शिल्पी राज मंच संभरली तs ‘सबरी ने देखा सपनवां राम अइहें अंगनवां’ से एह क्रम के बखूबी आगे बढ़वली।

शिल्पी के बाद सांसद रवि किशन मंच पs पहुंचलें आ ‘श्रीराम-जानकी बैठे हैं मेरे सीने में’ सुनाके माहौल के पूरा तरे राममय कs देलें। निरहुआ एही सिलसिला के आगे बढ़वलें आ एक के बाद एक श्रीराम भजनन से माहौल में जोश भर दिहलें। जबकि, कार्यक्रम के अंत में मंच पर आइल कल्पना के श्रोता लोग एह सर्द रात में पूररा गर्मजोशी से स्वागत कइल। कल्पना ने ओह लोगन के मान रखली आ कइयन गो जोरदार गीत सुनाके भोजपुरी नाइट के यादगार बना देली।

साभार : दैनिक भास्कर

Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।