Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Rashid Khan: संगीत सम्राट उस्ताद राशिद खान के भइल निधन, 55 साल के उमिर में लिहले अंतिम सांस

2,739

 

राशीद खान के निधन : संगीत के दिग्गज सम्राट उस्ताद राशीद खान के मंगल के निधन हो गईल। उs 55 साल के उमिर में आपन आखिरी सांस लेले। उस्ताद राशीद खान प्रोस्टेट कैंसर से पीड़ित रहले, जवना के चलते उनुकर इलाज कोलकाता के एगो अस्पताल में चलत रहे। उ वेंटिलेटर अवुरी ऑक्सीजन सपोर्ट पs रहले। डाक्टर लोग के तमाम मेहनत के बावजूद उनुका के बचावल ना जा सकल।

उस्ताद राशीद खान के इलाज करावत अस्पताल के एगो अधिकारी कहले कि, हमनी के बहुत कोशिश कईनी, लेकिन नाकाम हो गईनी। दुपहरिया के करीब 3:45 बजे उनुकर मउत हो गईल।

सीएम ममता बनर्जी दुख जतवली

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी उस्ताद राशीद खान के निधन पs शोक जतवलेबाड़ी। उ कहली कि, ‘ई पूरा देश अवुरी पूरा संगीत जगत खातीर बहुत बड़ नुकसान बा। हम बहुत दुखी बानी। हमरा आजुओ विश्वास नइखे होत कि राशीद खान अब नइखन।

स्वास्थ्य में धीरे-धीरे सुधार होखत रहे

पिछला महीना उस्ताद राशीद खान के सेरेब्रल अटैक के बाद उनुकर स्वास्थ्य काफी खराब हो गईल रहे। शुरू में उनुकर इलाज टाटा मेमोरियल कैंसर अस्पताल में भईल। फेर बाद में ऊ कोलकाता के एगो अस्पताल में आपन इलाज जारी राखे के फैसला कइलन। करीबी सूत्र के मुताबिक पछिला महीना निजी अस्पताल में भर्ती भईला के बाद उनुकर हालत ठीक होखत रहे।

11 साल के उमिर में पहिला बेर मंच पs प्रस्तुति दिहले

उत्तर प्रदेश के बदायूं में जनमल राशीद खान उस्ताद गुलाम मुस्तफा खान के भतीजा रहले। उ आपन शुरुआती प्रशिक्षण अपना उस्ताद निसार हुसैन खान (1909-1993) से लेले रहले। राशीद खान उस्ताद रामपुर-सहसवान घराना के गायक रहले। 11 साल के उमिर में ऊ आपन पहिला मंच पs प्रस्तुति दिहलन।

उस्ताद राशीद खान एह फिलिमन के गीतन के आवाज दिहले

उस्ताद राशीद खान शाहिद कपूर आ करीना कपूर के फिल्म ‘जब वी मेट’ खातिर ‘आओगे जब तुम’ के बंदिश के अपना आवाज से सजा दिहले रहले जवन काफी लोकप्रिय भइल रहे। एकरा अलावे उ अपना आवाज के जादू ‘माई नेम इज खान’, ‘राज 3’, ‘मंटो’ अवुरी ‘शादी में जरुर आना’ जईसन फिल्म में बिखेरले रहले।

 

 

 

710140cookie-checkRashid Khan: संगीत सम्राट उस्ताद राशिद खान के भइल निधन, 55 साल के उमिर में लिहले अंतिम सांस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.