[the_ad_group id="30365"]

Ram Bhajan: राम मंदिर प्राण प्रतिष्‍ठा से पहिले भोजपुरी भक्ति गीत ‘राम अइलें’ भइल रिलीज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अयोध्या में भगवान श्री राम के प्राण प्रतिष्ठा के लेके देश भर में उत्साह आ उमंग बा। रामलला के शहर अयोध्या 22 जनवरी के तैयारी हो रहल बा। राम मंदिर के अभिषेक 22 जनवरी के अयोध्या में होखे वाला बा, जबकि जन्मभूमि में 16 जनवरी मंगल से अनुष्‍ठान शुरू हो गईल बा।

मर्यादा पुरुषोत्तम भगवान राम सबके दिल में बसेले। भोजपुरी संगीत जगत में भी एक के बाद एक नया राम भजन रिलीज होत बा। जवन वायरल हो रहल बा। एही बीच भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग एप Yayawari Via Bhojpuri के द्वारा भोजपुरी भक्ति गीत ‘राम अइलें’ यूट्यूब पs रिलीज भइल। मजेदार बात ईs बा कि रिलीज भइला के 24 घंटा में 1000 से जादा लोग ईs गीत सुनले आ देखले बाड़े। आ एकरा के सराहल भी जाता।

युवा लोकगायक आदित्य राजन एह गीत के लिखले आ गवले बाड़े। संगीत आरसी प्रोडक्शन के सुशांत देव के हs,जे लोक धुन पs लगातार काम करत आइल बाड़न। मिक्स मास्टरिंग रवि विश्वकर्मा कइले बाड़े। एह गाना के वीडियो में मुख्य भूमिका में महिमा सोनी, आलोक सिंह, आदित्य राजन, बेबी श्रीजा आ व्यास यादव के देखल जा सकेला।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]