[the_ad_group id="30365"]

बिहार-दिल्ली के 25 ठिकाना पर छापेमारी, गुरुग्राम स्थित तेजस्वी के नयका बनत मॉलो में पहुंचल CBI

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लैंड फॉर जॉब स्कैम मामला में बिहार सहित दिल्ली अउरी हरियाणा के 25 ठिकाना पर सीबीआई छापा मरले बा। एसे पहिले सीबीआई आजु भोरे राजद के चार बड़ नेता लोग के घर पहुंचल रहे। एही बीच खबर बा कि बिहार के उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के संपत्ति के जांच खातिर उनसे जुड़ल ठिकाना पर भी सीबीआई के टीम पहुंचल बा।

जानकारी के मुताबिक, गुरुग्राम के सेक्टर-71 स्थित अर्बन क्यूब्स मॉल में भी सीबीआई के टीम पहुंचल बा। मॉल अभिन बनsता। टीम के भिनन्ही 10 बजे के आसपास पहुंचले के प्राथमिक सूचना बा। कथित तौर मॉल में बिहार के उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव के हिस्सेदारी बा। अर्बन क्यूब सेक्टर-71 म़ॉल के निर्माण व्हाइट लैंड कार्पोरेशन लिमिटेड क रहल बिया।

जानकारी के मुताबिक, बिहार में राजद सांसद अशफाक करीम, फैयाज अहमद के अलावा एमएलसी सुनील सिंह अउरी पूर्व एमएलसी सुबोध राय के आवास पर सीबीआई के टीम पहुंचल बा। सूत्रन के कहनाम बा कि सीबीआई नौकरी घोटाला में कथित जमीन के लेके छापेमारी कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]