Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राजद एमएलसी अउरी लालू यादव के करीबी सुनील सिंह के घर पs सीबीआई डरलस छापा, तलाशी अभियान जारी

260

बिहार में महागठबंधन वाली सरकार के फ्लोर टेस्ट से पहिलही राजद एमएलसी अउर लालू यादव के करीबी सुनील कुमार सिंह के आवास पर सीबीआई छापा मरले बीया। जानकारी के मुताबिक, सीबीआई के अधिकारी उनके आवास के तलाशी ले रहल बानें। बता देई, सुनील कुमार सिंह बिस्कोमान के अध्यक्ष भी बानें। सुनील कुमार सिंह के आवास के बाहर भारी सुरक्षा तैनात कइल गइल बा। सूत्रन के कहनाम बा कि सीबीआई नौकरी घोटाला में कथित जमीन के ले के छापेमारी कइले बा। एकरे अलावा बिहार में दूसर ठिकानन पर भी सीबीआई के कारवाही के खबर आ रहल बा।

एह मामला में सीबीआई तीसरका बेर बिहार में छापेमारी कइलें बिया। एसे पहले राजद के पूर्व विधायक अउरी लालू यादव के ओएसडी भोला यादव के सीबीआई गिरफ्तार कइले रहल। उनके कई ठिकाना पर भी छापेमारी कइल गइल रहल। उहवें सीबीआई के छापा पर एमएलसी सुनील सिंह भाजपा पर आरोप लगवलें रहलें। उ एह छापा के राजनीति से प्रेरित बतवलें। कहलें, ई जानबूझकर के कइल जा रहल बा। एकर कौनो मतलब नाइ बा। ऊ ई सोच के अइसन कर रहल बानें कि डर के मारे विधायक उनके पक्ष में आ जइहें।

311600cookie-checkराजद एमएलसी अउरी लालू यादव के करीबी सुनील सिंह के घर पs सीबीआई डरलस छापा, तलाशी अभियान जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.