[the_ad_group id="30365"]

ओवरसीज़ आर्गेनाइजेशन फ़ॉर बेटर बिहार , बिहार के माटी के संस्कृति आ महिमा के झांकी के माध्यम से देखवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खाड़ी क्षेत्र, सिलिकॉन वैली, कैलिफोर्निया, अमेरिका में कइयन साल से भारतीय प्रवासी लोगन द्वारा स्वतंत्रता दिवस के अवसर पs परेड के आयोजन होत आइल बा। अबकी बेर के आयोजन बिहार के प्रवासी लोगन खातिर बहुते खास रहे। पहिला बेर बिहार के झांकी एह परेड में देखावल गइल। कैलिफोर्निया के “ओवरसीज फ़ॉर बेटर बिहार (02B2)” ओह परेड में बिहार के झांकी आयोजित करे जा रहल बा।

ई सब बिहार खातिर वासियन खातिर बहुते गरब के बात रहे। हमनी के बिहार के धरोहर आ संस्कृति के झलक, संगीत, नृत्य अमेरिका के गालियन में गुंजल आ उहां के जनता बिहार के खुशबू के आंनद उठावल। एकरा खातिर O2B2 फाउंडर मनीषा पाठक, को फाउंडर कल्पना कुमारी आ समूचा O2B2 टीम के अनघा बधाई।

ओवरसीज आर्गेनाइजेशन फ़ॉर बेटर बिहार एह झांकी के माध्यम से अपना जड़ आ बिहार से जड़ल समृद्ध संस्कृति आ इतिहास के बारे में उत्साहित कइल गइल। जब एगो अलग पहचान मिलेला तs आदमी आपन मातृभूमि से पेयार आ जवना माटी में पैदा भइल ओकरा से दूर हो जाला। बाकिर बिहार आ भारत के महिमा में बहत अपना अगिला पीढ़ी जवन बिदेसी धरती पs पैदा भइल आ पलल बढ़ल ओह पीढ़ी के आपन बिहार के महिमा के झलक देलस।

ई अपना आप मे O2B2 टीम के कोसिसन के सफलता रहे कि आजादी के अमृत महोत्सव के तहत खाड़ी झेत्र में बिहार के अदभुत छटा के पर्दशन भइल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]