लोकसभा चुनाव-2024 : बसपा सुप्रीमो मायावती के भतीजा आकाश आनंद पs आचार संहिता उल्लंघन के केस दर्ज, भाजपा सरकार के तुलना आतंकवादियन से कइले रहस 

Share

बसपा सुप्रीमो मायावती के भतीजा आकाश आनंद के खिलाफ केस दर्ज हो गइल बा। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, ऊ अतवार के उत्तर प्रदेश के सीतापुर में चुनावी रैली के दौरान भाजपा सरकार के तुलना आतंकियन से कइले रहस। ऊ कहले रहस था कि भाजपा वाला वोट मांगे आइल तs ओह लोगन खातिर जूता, चप्पल आ लाठी तइयार रखs।

आकाश आनंद पs हिंसा भड़कावे के कोसिस करे के आरोप लागल बा। पुलिस बतवलस कि ओकरा खिलाफ 171सी, 153बी, 505 आ आरपी एक्ट के धारा 125 के तहत केस दर्ज कइल गइल बा।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-