[the_ad_group id="30365"]

केजरीवाल के सुरक्षा से हो रहल बा खेलवाड़, केंद्र के इशारा पऽ तिहाड़ में ताक पऽ राखल जा रहल बा नियम- AAP लगवलस आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आम आदमी पार्टी (आप) से राज्यसभा सांसद संजय सिंह दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल से पत्नी सुनीता केजरीवाल के मुलाकात पs रोक लगावे के लेके केंद्र सरकार पs जम के हमला बोलले बाड़े। एकरा साथही आप नेता कहले कि तिहाड़ जेल में अरविंद केजरीवाल के जान के खतरा बा। जेल में केंद्र के इशारा पs नियम ताक पs राखल जा रहल बा।

आम आदमी पार्टी (आप) फेर से कहले हऽ कि तिहाड़ जेल में दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जान के खतरा बा। आप नेता संजय सिंह कहले हऽ कि केंद्र के इशारा पs तिहाड़ में तमाम नियम कानून के ताक पs राखल जा रहल बा।

केजरीवाल के पत्नी सुनीता के मिले से रोकल गइल 

जवन जेल में कैदियन के हत्या ले हो जा रहल बा आ कैदियन के सिर फोड़ दिहल जा रहल बा, उऽ जेल में मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के सुरक्षा से खेलवाड़ हो रहल बा। इहाँ तक कि उनकर पत्नी सुनीता केजरीवाल के जेल में उनका से मिले से रोक दिहल गइल बा।

कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष अरविंदर सिंह लवली के इस्तीफा से गठबंधन पs असर के बारे में पूछला पs संजय सिंह कहले कि कुछ असर ना पड़ी , अबकी बेर मोदी सरकार के खिलाफ जनता चुनाव लड़ रहल बिया।

चुनाव हारे से घबरा गइल बिया बीजेपी- AAP

एही कड़ी में आप नेता दिलीप पांडेय कहले, “बीजेपी चुनाव हारे के डर से अतना घबरा गइल बिया। अइसन कबो नइखे भइल कि कवनो पार्टी के कैंपेन गीत बंद कइल गइल होखे, बाकिर भाजपा के इशारा पs आम आदमी पार्टी के कैंपेन गीत पs रोक लगा दिहल गइल। ई सब भाजपा में ए बात के स्वीकार्यता के प्रतीक बा कि उऽ हार रहल बाड़े। लोग भाजपा के ‘जेल भेजऽ’ नीति के खिलाफ खड़ा बा। लोग ‘जेल के जवाब वोट से’ दे रहल बा।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]