हृदय रोग विशेषज्ञ गौरव गांधी के दिल के दौरा से निधन, 16 हजार से जादा दिल के सर्जरी कईले रहले

Minee Upadhyay

 

गुजरात के प्रख्यात हृदय रोग विशेषज्ञ सर्जन डॉ. गौरव गांधी के दिल के दौरा पड़ला का चलते निधन हो गइल बा। उ अपना मेडिकल करियर में 16 हजार से जादा लोग के दिल के सर्जरी कईले रहले। मंगलवार के सबेरे छव बजे जब परिवार के लोग उनुका के जगवले त उ ना उठले। एकरा बाद परिवार उनुका के अस्पताल ले गईल, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित क देले।

जामनगर के जानल मानल हृदय रोग विशेषज्ञ डॉ. गौरव गांधी के मंगलवार के सबेरे दिल के दौरा पड़ के निधन हो गईल। उनुका निधन के बाद परिवार में शोक के माहौल बा। एकरा संगे डॉक्टर तक समझ में नईखन पावत कि दिल के दौरा से उनुके मउत कईसे भईल।

जानकारी के मुताबिक डॉ. गौरव गांधी सोमवार के रात में मरीज के जांच रोज निहन कईले। एकरा बाद उ पैलेस रोड पे अपना घर आईल रहले। ओकरा बाद खाना खइले आ फेर कुछ देर बाद सुत गइलन। उनकर व्यवहार में कवनो तरह के कवनो बदलाव ना भइल। इहाँ तक कि उनुकर स्वास्थ्य भी ठीक रहे।

सबेरे बिछौना से ना उठल

लेकिन, मंगलवार के सबेरे छह बजे जब परिवार के लोग उनुका के जगवले त उनुकर नींद ना टुटल। एकरा बाद परिवार उनुका के अस्पताल ले गईल, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित क देले। डॉक्टर उनुका मउत के कारण दिल के दौरा पड़ल बतवले। प्रख्यात हृदय रोग विशेषज्ञ सर्जन डॉ. गौरव गांधी महज 41 साल के रहले।

16 हजार से अधिक लोग के दिल के सर्जरी कइले बाड़े

डॉ. गौरव गांधी अपना मेडिकल कैरियर में 16 हजार से अधिका लोग के दिल के सर्जरी करवले रहले। उनकर निधन के खबर सुन के जामनगर के मेडिकल फेटरनिटी में शोक के माहौल बा। डाक्टर अचरज में बाड़े कि दिल के दौरा से उनुकर मउत कईसे हो सकत रहे।

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।