[the_ad_group id="30365"]

नयका साल में कार खरीदले पs पड़ी दोहरा मार, कंपनियन से ले के बैंक ले कइलस ई घोषणा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में कुछ लोग नयका साल पर कार खरीदल पसंद करेने। अइसन कइल कई मामला में फायदेमंदो होला लेकिन साल 2023 में कार खरीदले पर ग्राहकन के दोहरा मार पडल तय बा। आखिर कौने तरह से नयका साल में कार खरीदल डबल महंग हो जाई।

कइसे पड़ी दोहरा मार

भारतीय रिजर्व बैंक

एक ओर से कार कंपनियन के ओर से कार के दाम बढ़वले के घोषणा कइल जा रहल बा। उहवें दूसरा ओर रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया के ओर से हाल में कार लोन भी महंग कर देहले के घोषणा कs दीहल गइल बा। जेकरे बाद यह साफ हो गइल बा कि नयका साल में नया कार खरीदे वालन पर दोहरा मार पडल तय बा।

कार निर्माता लोग कइल घोषणा

For Reference Only

कार कंपनियन के ओर से नयका साल से पहिलही कार के दाम बढ़वलें के घोषणा कइल जा रहल बा। मारुति, किया, मर्सिडीज, ऑडी, रेनो, एमजी, टाटा जइसन कंपनियन के ओर से एकर जानकारी दे दिहल गइल बा कि एक जनवरी 2023 से कार के खरीदने पर ज्यादा कीमत देवे के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]