JP यूनिवर्सिटी में खुली कैंटीन, 10 रुपिया में मिली खाना: विद्यार्थियन के परेसानी के देखके कुलपति देलें आदेस, एक हजार छात्रन के होई बेवस्था 

Share

जय प्रकाश विश्वविद्यालय में विद्यार्थियन के बुनियादी जरूरत खातिर विश्वविद्यालय प्रबंधन सक्रिय दिख रहल बा। छात्रन खातिर कैंटीन के  बेवस्था जल्दिये सुरू कइल जाई। ई जानकारी कुलपति डॉ. प्रमेंद्र बाजपेयी देलें। कुलपति प्रो. प्रमेंद्र कुमार वाजपेयी कहलें कि छात्र हित में मजबूत कदम उठावल जा रहल बा। सत्रन के नियमित करे के प्रयास सुरू कs दिहल गइल बा। पीजी में नामांकन खातिर मेधा सूची वेबसाइट पs अपलोड कs दिहल गइल बा। जवना आधार पs नामांकन के प्रक्रिया सुरू भइल बा।

10 रुपिया में टिफिन के बेवस्था

ऊ कहलें कि जादे से जादे छात्र नियमित रूप से कॉलेज आवे लो। एकरा खातिर अभिभावकन के जागरूक कइल जाई। कुलपति बतवलें कि कॉलेज के कैंटीन के अपडेट कइल जाई। ओहिजा 10 रुपिया में टिफिन (भोजन) के बेवस्था कैंटीन से उपलब्ध करावल जाई। पहिला चरण में एक हजार छात्रन खातिर भोजन के बेवस्था कइल जाई।

जवना के बाद बढ़त संख्या के अनुसार तीन कैंटीन सुरू कइल जाई। जय प्रकाश विश्वविद्यालय सारण प्रमंडल के तीन जिला सारण, सिवान आ गोपालगंज के कवर करत बा। एह तीनो जिलन के सब अंगीभूत कॉलेज के छात्र के विश्वविद्यालय आवे के पड़त बा।

विश्वविद्यालय मुख्य परिसर छपरा शहरी क्षेत्र से दूर होखला के चलते छात्रन के परेसानी के सामना करे के पड़त बा। संगही विश्वविद्यालय परिसर में खाये खातिर कवनो बेवस्था नइखे। जवना के छात्रन के कइयन घंटा तक भूखल रहे पड़त बा। एही परेसानी के धेयान में रखत कुलपति कावर कैंटीन खोलल जाये के बात कहल जा रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-