इंटर यूनिवर्सिटी युवा महोत्सव में DDU स्टूडेंट्स के सानदार प्रदर्शन: पत्रकारिता विभाग के छात्र-छात्रा जीतले रजत पदक, नेशनल कॉम्पिटीशन में लिही लो हिस्सा

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 7, 2024

मेरठ में आयोजित इंटर यूनिवर्सिटी युवा महोत्सव में DDU के हिंदी आ पत्रकारिता विभाग के छात्र-छात्र सानदार प्रदर्शन करत रजत पदक जीतल लो। प्रतियोगिता में 6 स्टूडेंट्स के टीम मूक अभिनय, नाटक आ वेस्टर्न वोकल

Share

मेरठ में आयोजित इंटर यूनिवर्सिटी युवा महोत्सव में DDU के हिंदी आ पत्रकारिता विभाग के छात्र-छात्र सानदार प्रदर्शन करत रजत पदक जीतल लो। प्रतियोगिता में 6 स्टूडेंट्स के टीम मूक अभिनय, नाटक आ वेस्टर्न वोकल में प्रतिभाग करत गोरखपुर यूनिवर्सिटी के नाम रोशन कइल को। मंगर के यूनिवर्सिटी पहुंचला पs टीम के भव्य स्वागत कइल गइल।

एह दौरान विजेता छात्रन के संबोधित करत हिंदी विभाग के अध्यक्ष प्रोफेसर दीपक प्रकाश त्यागी कहलें कि छात्रन के व्यक्तित्व विकास खातिर गैर शैक्षणिक गतिविधियन में भाग लेहल जरूरी बा। ऊ कहलें कि प्रोफेशनल स्किल्स के हासिल करे खातिर अइसन कार्यक्रम बहुत महत्वपूर्ण होला। हमनी के प्रयास बा कि जादे से जादे विद्ययार्थी एह तरे के गतिविधियन में सामिल होखे लो। प्रोफेसर त्यागी पत्रकारिता विभाग के स्टूडेंट्स के लगन, समर्पण आ तइयारी के सराहना कइलें।

अपना लक्ष्य के ओर बढ़ रहल बा पत्रकारिता विभाग

एह दौरान पत्रकारिता पाठ्यक्रम के कोऑर्डिनेटर प्रोफेसर राजेश मल्ल युवा महोत्सव में मूक अभिनय, नाटक आ वैस्टर्न वोकल सोलो प्रतियोगिता में सहभागिता आ मूक अभिनय में रजत पदक जीते वाला लाभांश गुप्ता, सुधांशु सिंह, रीपू पाठक, प्रीतिवा गुप्ता, ऋद्धि निराला आ सलोनी विश्वकर्मा के सम्मान कइलें। प्रोफेसर मल्ल कहलें कि गते-गते पत्रकारिता विभाग अपना रचनात्मक कार्यन से ख्याति आ प्रतिष्ठा अर्जित कs के अपना लक्ष्य के ओर बढ़ रहल बा। ई गरब आ संतोष के विषय बा। एह दौरान डॉ. रजनीश चतुर्वेदी, आयुष सेंगर, नरगिस बानो ने स्टूडेंट्स के उत्साह वर्धन कइल। आभार ज्ञापन असिस्टेंट कोऑर्डिनेटर डॉ. राम नरेश राम देलें।

नेशनल कॉम्पिटीशन में प्रतिभाग करी स्टूडेंट्स

इंटर यूनिवर्सिटी युवा महोत्सव में मूक अभिनय आ नाटक में सानदार प्रदर्शन करे वाला लाभांश गुप्ता, प्रीतिवा गुप्ता आ ऋद्धि निराला के चयन नेशनल कॉम्पिटीशन खातिर कइल गइल बा। छात्रन के चयन पs खुसी व्यक्त करत HOD प्रोफेसर दीपक प्रकाश त्यागी ने कहलें कि एह लोगन के भीतर अपार क्षमता बा। विभाग के स्तर से हर संभव सहयोग कइल जा रहल बा। प्रोफेसर त्यागी कहलें कि हमरा उम्मीद बा, स्टूडेंट्स नेशनल कॉम्पिटीशनो में अच्छा प्रदर्शन करी लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.