[the_ad_group id="30365"]

Tomato Price: टमाटर के बढ़त कीमतन के बीच केंद्र उठवलस बड़ाका कदम, उपभोक्ता लोग के शुक से मिली राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Tomato Price: टमाटर के बढ़त कीमतन के बीच केंद्र उठवलस बड़ाका कदम, उपभोक्ता लोग के सुक से मिली राहत

केंद्र ने नेफेड, एनसीसीएफ के प्रमुख उपभोक्ता केंद्रों में वितरण खातिर आंध्र, कर्नाटक, महाराष्ट्र से टमाटर खरीदे के निर्देश देहलस। सरकार के ओर से जारी बयान के अनुसार दिल्ली-एनसीआर क्षेत्र में उपभोक्ता लोग शुक्रवार से रियायत कीमतन पs खुदरा दुकानन के माध्यम से टमाटर के वितरण कइल जाई।

टमाटर के लेके देस में का हो रहल बा ?

देस के कइयन हिस्सन में टमाटर के कीमत 200 रुपिया प्रति किलोग्राम के पार हो गइल बा। इहां तक कि थोक मंडियन में एकर भाव 150 रुपिया से 180 रुपिया प्रति किलोग्राम तक पहुंच गइल बा। बाजार के जानकारन के अनुसार बीतल एक पखवारा के दौरान बाजार में टमाटर के कीमत चार गुना आ कहीं-कहीं ओहू से जादे हो गइल बा। गाजियाबाद के थोक सब्जी मंडी से टमाटर किन के खुदरा बाजार में बेचे वाला सचिन बतवलस कि जून के सुरुआत में जवन टमाटर बाजार में अपना क्वालिटी के हिसाब से 30 से 40 रुपिया के भाव पs बिक रहल बा ओकर कीमत अब 100 से 180 रुपिया प्रति किलो तक पहुंच गइल बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]