[the_ad_group id="30365"]

मांगन के लेके शिक्षक बड़हरिया के विधायक के सउपल लो ज्ञापन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार राज्य प्राथमिक शिक्षक संघ के आह्वान पs पचरुखी के अंचल सचिव जयप्रकाश सिंह के नेतृत्व में शिक्षकन से संबंधित मांगन के ज्ञापन बड़हरिया के विधायक बच्चा पांडेय के सउपल गइल। एह अवसर पs श्री सिंह कहलें कि बिहार राज्य शिक्षक संघर्ष समिति के बैनर तले प्रदेश के सब विधायकन आ विधान पार्षदन के आवास पs घेरा डालो,डेरा डालो के कार्यक्रम चल रहले बा। एमे शिक्षकन के बहुप्रतीक्षित मांग स्थानीय निकाय द्वारा नियुक्त सब कोटि के शिक्षकन के राज्यकर्मी के दर्जा देहल, राज्य के सब कोटि के शिक्षकन के पुरान पेंशन से आच्छादित कइल, सक्षम पदाधिकारी से नीचे के पदाधिकारी से विद्यालय निरीक्षण पs रोक लगावल सामिल बा।

श्री सिंह आगे बतवलें कि विधायक श्री पांडेय आश्वासन देलें कि रउआ लोगन के मांग पs विचार खातिर महागठबंधन के बैठक 14 जुलाई के प्रस्तावित बा। रउआ लोगन के बारे में सरकार अच्छा सोच रहल बिया। आंदोलन से बचला के जरूरत बा। विशेष कs के रउओ आंदोलन कs रहल बानी, तs ई शांतिपूर्ण होखे के चाहीं। मवका पs पचरुखी के शिक्षक नेता जय प्रकाश सिंह, राकेश कुमार सिंह, इफ्तेखार अली, भूपेश कुमार, पिंटू कुमार, राजन कुमार, प्रेम सिंह उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]