[the_ad_group id="30365"]

बॉक्स ऑफिस पs भिड़ी दु गो धांसू फिलिम, एगो में आलिया भट्ट के स्टारडम, दूसरका में दिखी बॉबी देओल के खतरनाक अवतार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

स्टूडियो ग्रीन के बैनर से आवत सूर्या अभिनीत बहुप्रतीक्षित ‘कंगुवा’ वाकई में अइसन बड़हन फिलिमन में से एगो होखे वाला बा जवना के सभे बेसब्री से इंतजार करत बा. एक ओर एह शानदार टीजर से अपना विशाल आ रोमांचक दुनिया के झलक मिलल तs दोसरा तरफ सुपरस्टार सूर्या के एगो दमदार योद्धा आ बॉबी देओल के खलनायक के रूप में कबो ना देखल अवतार भी पेश कइल गइल जवना के दर्शक उत्साहित बाड़े देखे खातिर। एक ओर एह सब बात के लेके चर्चा चलत रहे कि अब फिल्म के निर्माता रिलीज डेट के घोषणा कs देले बाड़े।

कंगुवा रिलीज के तारीख 

नयका पोस्टर के संगे ‘कंगुवा’ के निर्माता रिलीज डेट के रोमांचक घोषणा कईले बाड़े। ई फिलिम 10 अक्टूबर 2024 के रिलीज होखे वाला बा। नया पोस्टर शेयर करत घरी निर्माता लोग कैप्शन लिखले कि, ‘योद्धा राजा के स्वागत करे खातीर खुद के तैयार करीं।’ हमनी के कंगुवा 10 अक्टूबर 2024 से, 10 अक्टूबर से रउरा सभे के दिल अवुरी परदा के शोभा बढ़ावे खातीर तैयार बा।’ खैर अब ‘कंगुवा’ के सोझा आलिया भट्ट के फिलिम बा जवना के मतलब बा कि दुनु के बीच के मुठभेड़ तय बा.11 अक्टूबर के रिलीज होखे वाली आलिया भट्टी के फिल्म ‘जिगरा’ से ‘कंगूवा’ के टक्कर होखे वाला बा.

कंगूवा के कहानी का होई?

बता दीं कि फिल्म के लेखन आ निर्देशन के जिम्मा शिवा ले लिहले बाड़न. एह फिलिम में सूर्या, बॉबी देओल, जगपति बाबू आ दिशा पटानी मुख्य भूमिका में रहीहें. फिल्म में संगीत रॉकस्टार देवी श्री प्रसाद के बा आ सिनेमैटोग्राफी वेट्री पलानीसामी के बा. एह फिलिम में भूत आ वर्तमान दू गो अलग अलग समय के कहानी होखी एहसे एकर शूटिंग रिलय लोकेशन पs भइल. एह फिलिम के शूटिंग गोवा, यूरोप आ श्रीलंका जइसन खूबसूरत जगहन पs भइल बा. खास कर के एक्शन सीन खातिर 60 दिन के समय दिहल गइल बा. फिल्म के पूरा कहानी दू गो टाइमलाइन में चली आ 1000 साल के कवर करे के कोशिश कइल गइल बा.

आलिया के किरदार ‘जीगरा’ में अईसन होई

‘जिगरा’ के बात करत वेदांग रैना एह फिलिम में आलिया भट्ट का साथे मुख्य भूमिका में बाड़न. अभिनेत्री एह फिलिम के निर्माण करण जौहर के प्रोडक्शन हाउस के सहयोग से करत बाड़ी. निर्माता के रूप में ई आलिया के पहिला फिलिम होखे जा रहल बा. एह फिलिम में भाई बहिन के कहानी देखावल जाई. आलिया बड़ बहिन के भूमिका में बाड़ी आ वेदांग अपना छोट भाई के भूमिका में बाड़न.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]